विज्ञापन

छठ आ दीपावली पर रेल यात्रियन के बड़ राहत, गोरखपुर से दिल्ली आ छपरा से आनंद विहार बलिया, सुरेमनपुर, रेवती, गाजीपुर खातिर चली विशेष ट्रेन।

छठ आ दीपावली पर रेल यात्रियन के बड़ राहत, गोरखपुर से दिल्ली आ छपरा से आनंद विहार बलिया, सुरेमनपुर, रेवती, गाजीपुर खातिर चली विशेष ट्रेन।

Photo- सांकेतिक 


गोरखपुर। दीपावली आ छठ महापर्व पर रेल यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन यात्रियन के सुविधा खातिर दू गो जोड़ी विशेष ट्रेन चलावे के फैसला कइले बा। एह ट्रेनन के संचालन से गोरखपुर, दिल्ली, आनंद विहार आ छपरा के बीच यात्रा करे वाला लोगन के काफी राहत मिली।

पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क विभाग के ओर से 2 नवंबर 2026 के जारी प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक, गाड़ी संख्या 04022/04021 नई दिल्ली-गोरखपुर-नई दिल्ली साप्ताहिक त्योहार विशेष ट्रेन 6 आ 13 नवंबर के नई दिल्ली से तथा 7 आ 14 नवंबर के गोरखपुर से चलावल जाई।

नई दिल्ली-गोरखपुर विशेष ट्रेन के समय-सारिणी

गाड़ी संख्या 04022 नई दिल्ली-गोरखपुर विशेष ट्रेन 6 आ 13 नवंबर, हर शुक्रवार के नई दिल्ली से दुपहरिया 2:30 बजे रवाना होई। ई ट्रेन गाजियाबाद से 3:20 बजे, हापुड़ से 4:08 बजे, मुरादाबाद से 5:58 बजे, बरेली से 7:17 बजे, शाहजहांपुर से 8:20 बजे, हरदोई से 9:12 बजे आ लखनऊ (उत्तर रेलवे) से रात 11:30 बजे गुजरी।

एकर बाद ट्रेन गोंडा से रात 1:32 बजे, बस्ती से 2:40 बजे आ खलीलाबाद से भोर 3:30 बजे गुजरत गोरखपुर  भोरे 4:10 पर पहुंची।

वापसी में गाड़ी संख्या 04021 गोरखपुर-नई दिल्ली विशेष ट्रेन 7 आ 14 नवंबर, हर शनिवार के गोरखपुर से सबेरे 7 बजे रवाना होई। ई ट्रेन बस्ती से 8:05 बजे, गोंडा से 9:45 बजे, लखनऊ से दुपहरिया 1:10 बजे, हरदोई से 2:50 बजे, शाहजहांपुर से 4:40 बजे, बरेली से 5:52 बजे, मुरादाबाद से 7:35 बजे, हापुड़ से रात 9:10 बजे आ गाजियाबाद से 10:12 बजे गुजरत रात 11:10 बजे नई दिल्ली पहुंची।

एह ट्रेन में एलएसएलआरडी के 1, सामान्य द्वितीय श्रेणी के 4, शयनयान श्रेणी के 6, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 6, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 2, वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के 1 आ जनरेटर सह लगेज यान के 1 कोच समेत कुल 21 कोच लगावल जाई।

आनंद विहार-छपरा के बीचो चली विशेष ट्रेन

एहिजे गाड़ी संख्या 04058/04057 आनंद विहार टर्मिनल-छपरा-आनंद विहार टर्मिनल द्वि-साप्ताहिक त्योहार विशेष ट्रेन 3 नवंबर से 17 नवंबर 2026 तक चलावल जाई। ई ट्रेन हर शुक्रवार आ मंगलवार के कुल 5 फेरा लगाई।

गाड़ी संख्या 04058 आनंद विहार टर्मिनल-छपरा विशेष ट्रेन आनंद विहार टर्मिनल से रात 12:20 बजे रवाना होई। ई ट्रेन टूंडला से भोर 3:52 बजे, गोविंदपुरी से 7:25 बजे, प्रयागराज जंक्शन से 10:40 बजे, ज्ञानपुर रोड से 11:45 बजे, वाराणसी से दुपहरिया 1:25 बजे, सारनाथ से 1:35 बजे, औंड़िहार से 2:30 बजे, गाजीपुर रोड से 3:45 बजे, फेफना से 4:55 बजे, बलिया से 5:12 बजे आ रेवती से 5:52 बजे गुजरत रात 7:12 बजे सुरेमनपुर पहुंची। एहिजा से छूट के रात 7:20 बजे छपरा पहुंची।

वापसी में गाड़ी संख्या 04057 छपरा-आनंद विहार टर्मिनल विशेष ट्रेन छपरा से रात 10:10 बजे रवाना होई। ई ट्रेन सुरेमनपुर से रात 10:50 बजे, रेवती से 11:07 बजे, बलिया से रात 11:55 बजे आ अगिला दिन भोर 12:15 बजे फेफना पहुंची।

एह ट्रेन के आगे के ठहराव गाजीपुर सिटी से 1:25 बजे, औंड़िहार से 2:30 बजे, सारनाथ से 2:55 बजे, वाराणसी से 3:45 बजे, ज्ञानपुर रोड से 4:50 बजे, प्रयागराज जंक्शन से 6 बजे, गोविंदपुरी से 8:55 बजे आ टूंडला से दुपहरिया 12:12 बजे बा। ई ट्रेन आनंद विहार टर्मिनल पर साँझ 5:20 बजे पहुंची।

एह विशेष ट्रेन में जनरेटर सह लगेज यान के 2, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 12, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 5 आ वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के 1 कोच समेत कुल 20 कोच लगावल जाई।

रेलवे प्रशासन के एह फैसला से दीपावली आ छठ के दौरान घर जाए वाला यात्रियन के आवागमन में सहूलियत मिली आ नियमित ट्रेनन पर भीड़ के दबाव कम होखे के उम्मीद बा।

स्रोत: पूर्वोत्तर रेलवे, जनसंपर्क विभाग, गोरखपुर के प्रेस विज्ञप्ति संख्या-05 आ 06, दिनांक 2 नवंबर 2026।

डिस्क्लेम र - ट्रेन के समय सारणी यात्रा से पहले एक बैर स्टेशन जरूर कन्फर्म कर लीही। 


Post a Comment

0 Comments