विज्ञापन

छठ पर्व पर यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे के व्यापक इंतजाम, सांसद रवि किशन गोरखपुर जंक्शन पर यात्री आश्रय स्थल के कइलें निरीक्षण

छठ पर्व पर यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे के व्यापक इंतजाम, सांसद रवि किशन गोरखपुर जंक्शन पर यात्री आश्रय स्थल के कइलें निरीक्षण



गोरखपुर, 14 नवंबर 2026। लोक आस्था के महापर्व छठ पूजा के मौका पर अपना घरे लवटत यात्रियन के यात्रा आसान, सुरक्षित आ आरामदायक बनावे खातिर पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन व्यापक इंतजाम कइले बा।

एही क्रम में माननीय सांसद गोरखपुर श्री रवि किशन शुक्ला 14 नवंबर 2026 के गोरखपुर जंक्शन पहुंचलें आ छठ पर्व पर आवे-जाए वाला यात्रियन के भारी भीड़ के ध्यान में रखत स्टेशन पर बनावल गइल यात्री आश्रय स्थल (पैसेंजर होल्डिंग एरिया) के निरीक्षण कइलें। एह दौरान ऊ उहाँ मौजूद यात्रियन से बातचीत कइलें आ उपलब्ध सुविधा के बारे में जानकारी लिहलें। यात्रियन पैसेंजर होल्डिंग एरिया में मिलत सुविधा पर संतोष जतावत रेल प्रशासन के सराहना कइलें।



यात्रियन के भीड़ के बेहतर ढंग से नियंत्रित करे खातिर गोरखपुर स्टेशन परिसर में कुल 5 अस्थायी यात्री होल्डिंग एरिया बनावल गइल बा। एहमें से 4 होल्डिंग एरिया स्टेशन के मुख्य प्रवेश द्वार के ओर आ एगो स्टेशन के दूसरा प्रवेश द्वार के ओर बनावल गइल बा।

निरीक्षण के दौरान सांसद श्री रवि किशन शुक्ला पैसेंजर होल्डिंग एरिया में लगावल गइल ट्रेन डिस्प्ले बोर्ड, शुद्ध पेयजल, सहायता बूथ, मोबाइल यूटीएस, प्राथमिक चिकित्सा, मोबाइल चार्जिंग प्वाइंट, कूलर, बइठे के व्यवस्था आ बेहतर रोशनी समेत अन्य सुविधन के जायजा लिहलें। उहाँ यात्रियन खातिर उपलब्ध करावल गइल सुविधा आ बजत छठ गीत के भी ऊ खूब सराहना कइलें।

पैसेंजर होल्डिंग एरिया में उपलब्ध मोबाइल यूटीएस सुविधा के सांसद खास तौर पर सराहना कइलें। एह सुविधा के माध्यम से यात्री बिना लाइन में लागले तुरंत टिकट ले सकत बाड़ें। ऊ एह व्यवस्था के यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे के एगो बेहतरीन सौगात बतवलें।

एकरा बाद सांसद गोरखपुर जंक्शन के प्लेटफॉर्म नंबर-1 पर पहुंच के यात्री सुविधा के निरीक्षण कइलें। उहाँ यात्रियन से सीधा बातचीत करके रेलवे की ओर से उपलब्ध करावल जा रहल सुविधा पर उनकर प्रतिक्रिया जानलें। साथही बेहतर यात्रा अनुभव देवे खातिर रेलवे प्रशासन के ओर से कइल जा रहल प्रयास के सराहना कइलें।

श्री शुक्ला स्टेशन पर बनावल गइल वॉर रूम के भी निरीक्षण कइलें। उहाँ से सभे प्लेटफॉर्म पर यात्रियन के भीड़ आ व्यवस्था पर नजर रखे के इंतजाम के जानकारी लिहलें। एह दौरान सुरक्षित, सुगम आ व्यवस्थित यात्रा सुनिश्चित करे खातिर कइल गइल इंतजाम के भी जायजा लिहलें।

एह मौका पर पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी श्री सुमित कुमार सांसद श्री रवि किशन शुक्ला के छठ महापर्व के दौरान भीड़ प्रबंधन, यात्री सुरक्षा आ रेल यातायात के सुचारू संचालन खातिर रेलवे प्रशासन के ओर से उठावल गइल कदम के जानकारी दिहलें। ऊ बतवलें कि छठ महापर्व के मौका पर पिछला दिने गोरखपुर जंक्शन पर करीब 2 लाख यात्रियन के आवागमन भइल रहे।

एह अवसर पर सांसद प्रतिनिधि श्री समरेन्द्र विक्रम सिंह, गोरखपुर जंक्शन के स्टेशन निदेशक श्री रतनदीप गुप्ता समेत रेलवे के कई अधिकारी, पर्यवेक्षक आ कर्मचारी मौजूद रहलें।


Post a Comment

0 Comments