विज्ञापन

देश में आजु मनावल जाता बकरीद के त्यौहार। भोजपुरी न्यूज़ भी आप सबके ईद उल-अज़हा के बहुत बहुत मुबारकबाद देता।

देश में आजु मनावल जाता बकरीद के त्यौहार। 

तस्वीर -इंटरनेट , ख़बर इनपुट -विकिपीडिया 



देश में आजु मनावल जाता बकरीद के त्यौहार। 

बकरीद (ईद-अल-अज़हा) मुसलमान लोग के पबित्र त्यौहार ह। ई हजरत इब्राहिम द्वारा अल्लाह के आदेश के पालन में अपना लइका के बली चढ़ावे के घटना के यादगार के रूप में मनावल जाला, लइका के बली देवे के तइयार इब्राहीम के सोझा अंतिम समय पर अल्लाह के भेजल फरिस्ता एगो भेड़ के बच्चा रख दिहलें आ इब्राहीम के लइका के जान बच गइल रहे। ई मुसलमान लोग के दू गो सभसे पबित्र मानल जाए वाला त्यौहार में से एक बा।

इस्लामी कैलेंडर के मोताबिक ई परब जि़लहिज्ज के महीना के दसवीं तिथी के मनावल जाला। एह दिन मुसलमान लोग कौनों जानवर के बली चढ़ावे ला आ ओकर तिसरा हिस्सा गरीब आ वंचित लोग के, एतने हिस्सा नात-रिश्तेदार लोग के बाँटल जाला आ बाकी बाँचल तिसरा हिस्सा रख लिहल जाला।

कैसे शांति अउर उल्लास के साथ मानता देश अउरी प्रदेश में बकरीद देखि एह वीडियो में।  


भोजपुरी न्यूज़ भी आप सबके ईद उल-अज़हा के बहुत बहुत मुबारकबाद देता। 

 विज्ञापन 


Post a Comment

0 Comments