विज्ञापन

Gorakhpur के मिलल हाईटेक साइबर थाना : ADG जोन राम कुमार जी कईनी विधिवत उद्घाटन आ साथे साथे कईनी पूरा परिसर के निरीक्षण।

Gorakhpur के मिलल हाईटेक साइबर थाना : ADG जोन राम कुमार जी कईनी विधिवत उद्घाटन आ साथे साथे कईनी पूरा परिसर के निरीक्षण।





बता दिहल चाहतबानी कि अभी तक साइबर थाना पुलिस लाइन के पासे एगो अस्थाई भवन में चलत रहे।अब नया भवन जवन 4.88 करोड़ से बनल आ चारगांवाँ में स्थित बा एहिजा अईला से पुलिस कर्मी लोगन के काम करके ख़ातिर व्यवस्थित जगह मिली।

उद्घाटन से पहीले एडीजी के गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गईल। एकरा बाद उँहा का फीता काटके भवन के उद्घाटन कईनी आ विधि-विधान से पूजा-अर्चना कईनी। उहाँ का 4 करोड़ 88 लाख 32 हज़ार रुपया के लागत से निर्मित नया परिसर के निरीक्षण कई ऊहवाँ उपलब्ध करावल गईल सुविधा के जायजा लिहनी।





कार्यक्रम में डीआइजी रेंज डा. एस. चन्नप्पा, एसएसपी डा. कौस्तुभ, एसपी उत्तरी राजेश घुनावत, एसपी सिटी निमिष पाटील,एसपी क्राइम अयोध्या प्रसाद सिंह,एएसपी/सीओ कैंट अरुण कुमार एस., सीओ गोरखनाथ रवि सिंह, प्रतिसार निरीक्षक अभिचल पांडेय मौजूद रहले।

पूरा खबर खातिर देखी ई वीडियो 👇


Post a Comment

0 Comments