विज्ञापन

T20 cricket World Cup 2026 - भारत के ऐतिहासिक जीत! न्यूज़ीलैंड के 96 रन से हराके लगातार दुसरका आ कुल तीसरका T 20 क्रिकेट वर्ल्ड कप जीतल

भारत के ऐतिहासिक जीत! न्यूज़ीलैंड के 96 रन से हराके लगातार दुसरका आ टोटल तीसरका T20 वर्ल्ड कप जीतल 🇮🇳

Photos and News Source- ICC and BCCI website and X Page 


8 मार्च 2026 के अहमदाबाद में खेलाइल ICC Men’s T20 World Cup 2026 के फाइनल में भारत जबरदस्त प्रदर्शन करत India national cricket team, New Zealand national cricket team के 96 रन से हराके इतिहास रच दिहलस।


भारत पहिला टीम बन गइल जे लगातार दू गो T20 वर्ल्ड कप जीतलस आ कुल तीन गो टाइटल अपने नाम कइलस। ई जीत खास एह से भी रहल काहे कि 2023 में एहिए मैदान पर भारत 2023 ODI Cricket World Cup Final हार गइल रहल।

Photo - BCCI X page


पहिले बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में 255/5 रन बनवलस, जे T20 वर्ल्ड कप फाइनल के सबसे बड़ा स्कोर बन गइल। जवाब में न्यूज़ीलैंड के टीम 19 ओवर में 159 रन पर ऑलआउट हो गइल।


भारत के जीत में Sanju Samson सबसे बड़ा हीरो रहलें, ऊ 45 गेंद में 89 रन के शानदार पारी खेललें उनकरा के प्लेयर ऑफ़ दी टूर्नामेंट भी दिहल गईल। Abhishek Sharma 21 गेंद में 52 रन बनाके तेज शुरुआत दिहलें, जबकि Ishan Kishan 25 गेंद में 54 रन जोड़लें।

Photo - BCCI X Page 


गेंदबाजी में जसप्रीत बुमराह 4 विकेट लेके न्यूजीलैंड के कमर तोड़ दिहलें उनकरा के प्लेयर आफ़ द मैच भी दिहल गईल , आ Axar Patel 3 विकेट झटक के जीत पक्का कर दिहलें।


एह जीत के साथ भारत T20 क्रिकेट में नया इतिहास लिख दिहलस। 


Post a Comment

0 Comments