विज्ञापन

भोजपुरी फिलिम ‘यार तोहपे कुर्बान’ के शूटिंग आज से गोरखपुर में शुरू, भव्य मुहूर्त के साथ भइल श्रीगणेश

भोजपुरी फिलिम ‘यार तोहपे कुर्बान’ के शूटिंग 12 अक्टूबर से गोरखपुर में शुरू, भव्य मुहूर्त के साथ भइल श्रीगणेश



गोरखपुर (उत्तर प्रदेश)

भोजपुरी सिनेमा के बहुप्रतीक्षित फिलिम ‘यार तोहपे कुर्बान’ के शूटिंग आज से उत्तर प्रदेश के गोरखपुर शहर में शुरू हो गइल। राघव कला एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिलिम के भव्य मुहूर्त 12 अक्टूबर गोरखपुर में विधि-विधान, वैदिक मंत्रोच्चार आ पूजा-पाठ के साथ संपन्न भइल। मुहूर्त के साथे फिलिम के पहिला दिन के शूटिंग के भी शुभारंभ कर दिहल गइल। एह फिलिम के शूटिंग लगातार कई दिन ले गोरखपुर में ही होई।

एह खास मौका पर फिलिम के निर्माता आ लेखक डॉ. ब्रजेन्द्र नारायण, निर्देशक ब्रज भूषण, मुख्य अभिनेता आदित्य मोहन, अभिनेत्री मेघा श्री समेत पूरा फिलिम यूनिट मौजूद रहल।

निर्देशक ब्रज भूषण कहलें, “आज हमनी खातिर बहुत शुभ दिन बा। ‘यार तोहपे कुर्बान’ खाली एगो फिलिम ना, बलुक एगो एहसास ह, जवन सच्चा दोस्ती आ प्यार के पर्दा पर जीवंत करी। एह फिलिम के आत्मा गोरखपुर के माटी में बसल बा। एही से हमनी मुहूर्त के साथे शूटिंग के शुरुआत भी एही माटी से कइले बानी जा।”

फिलिम के हीरो आदित्य मोहन कहलें, “हम बहुत उत्साहित बानी। ‘यार तोहपे कुर्बान’ हमार अब तक के सबसे भावुक आ एक्शन से भरपूर फिलिम होखे जा रहल बा। दोस्ती खातिर अपना के कुर्बान कर देवे के ई कहानी हर युवा के दिल से जुड़ी। गोरखपुर के लोगन के प्यार हमेशा मिलेला। इहाँ शूटिंग करके बहुत बढ़िया लागत बा। मेघा श्री के साथे हमार जोड़ी के दर्शक फेर से खूब प्यार दीहें।”

लेखक आ निर्माता डॉ. ब्रजेन्द्र नारायण बतवलें, “एह फिलिम के कहानी हर युवा के दिल के छूई। एहमें रोमांस, एक्शन, पारिवारिक ड्रामा आ दिल के छू लेवे वाला संगीत देखे-सुने के मिली।”

फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के चर्चित जोड़ी आदित्य मोहन आ मेघा श्री मुख्य भूमिका में बाड़ी-सन। एह लोगन के साथे विशाल त्रिपाठी, तमन्ना, अयाज खान, माया यादव, गिरीश शर्मा, हेमलता सिंह, अशोक महर्षि आ इंद्रसेन यादव भी अहम किरदार में नजर अइहें।

फिलिम के गीत डॉ. रंजू सिन्हा, परमेश्वर प्रेमी आ नियरा राजर्षि लिखले बाड़ें, जबकि संगीतकार शिशिर पांडेय बाड़ें।

‘यार तोहपे कुर्बान’ से दर्शकन के सच्चा दोस्ती, प्यार, एक्शन आ पारिवारिक भावना से भरल एगो मनोरंजक कहानी देखे के उम्मीद बा।


Post a Comment

0 Comments