विज्ञापन

कंगना रनौत के समर्थन में उतरले गोरखपुर के सांसद रवि किशन

कंगना रनौत के समर्थन में उतरले गोरखपुर के सांसद रवि किशन



कंगना रनौत के समर्थन में उतरले गोरखपुर के सांसद रवि किशन

गोरखपुर के सांसद रवि किशन कंगना रनौत के सत्यता के साथे आपन बात रखे खतीर सराहना करत कहले कि कंगना रनौत सत्य के तरफ एगो कदम बढ़ावले बाड़ी अउरी हम उनकरा साथ बानी।

 सभ के मालूम बा कि एगो कलाकार के आपना आशियाना बनावे में कतना मेहनत के सामना करेके पड़ेला। मुंबई जइसन शहर में अगर आशियाना बनता त त ओकरा खतीर कतना मेहनत एगो कलाकार के करे के पड़ेला ई केहु से अछूता नईखे लेकिन राजनीतिक द्वेष के कारण ओह आशियाने के तुरल गईल कहीं ना कहीं सत्य के दबावे के प्रयास करे के बराबर बा। हम सांसद रवि किशन गोरखपुर सांसद कंगना रनौत के साथे खड़ा बानी। हम सुशांत सिंह राजपूत के तथाकथित आत्महत्या के पहिले ही संदेह के घेरा में मानले रहनी अउरी हम सीबीआई से इन्वेस्टिगेट करावे खतीर गृह मंत्रालय अउरी प्रधानमंत्री के पत्र लिखले रहनी हा जवना के बाद सीबीआई जांच में बहुत अइसन तथ्य सामने निकल के आवता जवन हमनी के सत्यता तक पहुंचे में मदद कर रहल बा। 

Photo -internet


Post a Comment

0 Comments