विज्ञापन

बम्बई में का बा गाना के गीतकार डॉक्टर सागर संकल्प संस्था द्वारा आयोजित सम्मान समारोह अउरी संवाद कार्यक्रम में भोजपुरी न्युज़ के खास बातचीत कइनी। पढ़ी अउरी सुनी का कहनी👇

बम्बई में का बा गाना के गीतकार डॉक्टर सागर संकल्प संस्था द्वारा आयोजित सम्मान समारोह अउरी संवाद कार्यक्रम में भोजपुरी न्युज़ के खास बातचीत कइनी। पढ़ी अउरी सुनी का कहनी👇




भोजपुरी सिर्फ भाषा ही ना बल्कि हमार संस्कृति,संस्कार अउरी जीवन शैली भी बा। भोजपुरी के अस्मिता के फेरु से स्थापित करके दिशा में हमार प्रयास कतना सफल होई,ई त आवे वाला समय बताई लेकिन हमार प्रयास बा कि हम अपना माटी के महक के दूर तक फैला सकीं।
 उक्त बात सुप्रसिद्ध बॉलीवुड गीतकार डॉ सागर जी संकल्प संस्था द्वारा आयोजित सम्मान समारोह अउरी संवाद कार्यक्रम में कहनी। "बम्बई में का बा" गीत लेखन से पूरा देश में प्रसिद्धि पावे वाला डॉ सागर जी कहनी कि अइसे त हर सम्मान महत्वपूर्ण होला लेकिन अपना लोगन के बीच अपनन द्वारा सम्मानित होखल हमरा के गर्व से भर देता। साथ ही भविष्य ख़ातिर हमार जिम्मेदारियां भी तय करता कि हम अउरी बेहतर कर सकीं। 


      संकल्प साहित्यिक, सामाजिक एवं सांस्कृतिक संस्था बलिया के मिश्र नेउरी स्थित कार्यालय पर डॉ सागर के जनपद के वरिष्ठ साहित्यकार डॉ जनार्दन राय, प्रो यशवंत सिंह, अशोक पत्रकार अउरी संकल्प के सचिव आशीष त्रिवेदी अंगवस्त्रम अउरी प्रतीक चिन्ह देके सम्मानित कइल लोग। एह अवसर पर कार्यक्रम के अध्यक्षता करत रहे डॉ जनार्दन राय डॉ सागर जी के शुभकामना देत कहनी कि भविष्य में भोजपुरी के मान सम्मान पूरा देश में प्रतिष्ठित होई अइसन हमरा विश्वास बा। सागर जइसन युवा गीतकारन से प्रेरणा लेबे कि जरूरत बा। 
प्रो. यशवंत सिंह ने बधाई देत कहनी कि कवनो भी रचनाकार अपना माटी से जुड़के ही बड़ रचना कर सकता,सागर की रचना में अपना माटी के सोन्ह महक के साथ साथ अपना समाज के संवेदना भी अभिव्यक्त होता। 
संकल्प संस्था के सचिव आशीष त्रिवेदी ने बतावनी कि सागर नगरा के ककरी गांव के मूल निवासी बानी अउरी हमार सहपाठी भी रह चुकल बानी । पढ़ाई के दौरान से ही साहित्य सृजन के क्षेत्र में काफी अभिरुचि रहल। डॉ सागर अभी तक 50 से अधिक हिंदी फिल्मन में गीत लिख चुकल बानी। बलिया के बॉलीवुड में बहुत ही दमदार तरीका से स्थापित करेमे लागल बानी । 
एह अवसर पर डॉ राजेन्द्र भारती, शिवजी पाण्डेय रसराज, मोहन जी श्रीवास्तव, शशि प्रेमदेव, प्रो अमरनाथ पासवान, श्वेतांक सिंह, राजीव पाण्डेय, धनन्जय पाण्डेय, पण्डित ब्रजकिशोर त्रिवेदी, देव भारद्वाज, आनन्द कुमार चौहान, अर्जुन, अनुपम, विशाल, रोहित, वैभव, सोनी, ट्विंकल गुप्ता इत्यादि उपस्थित रहल लोग। कार्यक्रम का संचालन अचिन्त्य त्रिपाठी जी किया।

सुनी पूरा बातचीत👇

Post a Comment

0 Comments