विज्ञापन

Gorakhpur Mahotsav -विज्ञान प्रदर्शनी मंच पर योग के चमत्कारिक प्रदर्शन, ताली से गूंज उठल पूरा कैंपस।

विज्ञान प्रदर्शनी मंच पर योग के चमत्कारिक प्रदर्शन, ताली से गूंज उठल पूरा कैंपस, आवे वाली पीढ़ी खातिर योग बनी सशक्त आधार – योगी धर्मेश्वर



गोरखपुर।

गोरखपुर महोत्सव के तहत आयोजित विज्ञान प्रदर्शनी मंच पर जब योग के अद्भुत आ प्रेरणादायक प्रस्तुति भइल, तब पूरा कैंपस तालियन के गड़गड़ाहट से गूंज उठल। सेवा साथी फाउंडेशन ट्रस्ट ओम फिटनेस योग संस्थान से जुड़े प्रसिद्ध योगाचार्य योगी धर्मेश्वर के सजीव योग प्रदर्शन दर्शकन के मन मोह लिहल। मंच से योग के वैज्ञानिक महत्व, शरीर आ मन पर पड़ेला असर, आ रोजमर्रा के जिनगी में योग के उपयोगिता के प्रभावशाली ढंग से प्रस्तुत कइल गइल।


कार्यक्रम के दौरान योगासन, प्राणायाम आ ध्यान के जीवंत प्रस्तुति देख विद्यार्थी, शिक्षक आ मौजूद दर्शक खासा प्रभावित भइलन। योगी धर्मेश्वर कहलन कि “योग आने वाली पीढ़ी खातिर सबसे सशक्त माध्यम बने वाला बा। अगर हर आदमी रोज सबेरे नित बेला योग अपनावे, त स्वस्थ आ संतुलित जीवन पावल जा सकेला।”



एह अवसर पर अश्विनी चौरसिया भी मंच से सहभागिता कइले आ योग के प्रति जागरूकता के संदेश देत लोगन से योग के जीवनशैली में अपनावे के अपील कइलन। दुनो प्रस्तुतकर्तन के समन्वित आ प्रभावशाली प्रस्तुति पर दर्शकन जोरदार करतल ध्वनि से स्वागत कइल।


आयोजकन के कहना रहल कि विज्ञान प्रदर्शनी मंच पर योग के एह प्रस्तुति से साफ साबित हो जाला कि योग खाली आध्यात्मिक अभ्यास ना, बल्कि एक सम्पूर्ण वैज्ञानिक जीवन पद्धति ह। कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य रहल युवा पीढ़ी के योग से जोड़ के स्वस्थ, सकारात्मक आ अनुशासित जीवन दिशा में प्रेरित कइल।


कार्यक्रम के समापन पर मौजूद गणमान्य अतिथि आ दर्शकन योगी धर्मेश्वर आ अश्विनी चौरसिया के उनकर उत्कृष्ट योगदान खातिर बधाई आ शुभकामना दिहल। कार्यक्रम के सफल संचालन समाजसेविका आकृति विज्ञा अर्पण जी कइलन।



Post a Comment

0 Comments