विज्ञापन

गोरखपुर महोत्सव के भव्य शुभारंभ, पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह रहलें मुख्य अतिथि, रवि किशन के मौजूदगी से बढ़ल रौनक


गोरखपुर महोत्सव के भव्य शुभारंभ, पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह रहलें मुख्य अतिथि, रवि किशन के मौजूदगी से बढ़ल रौनक



गोरखपुर में आयोजित गोरखपुर महोत्सव के 11 जनवरी के भव्य शुभारंभ भइल। उद्घाटन समारोह में उत्तर प्रदेश सरकार के पर्यटन मंत्री माननीय जयवीर सिंह मुख्य अतिथि के रूप में शामिल भइलें। उनका उपस्थिति से कार्यक्रम के गरिमा अउरी महत्व और मजबूत हो गइल।


पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह अपन संबोधन में कहलें कि गोरखपुर महोत्सव जइसन आयोजन प्रदेश के समृद्ध सांस्कृतिक विरासत, लोककला, पर्यटन के संभावना आ स्थानीय प्रतिभा के राष्ट्रीय पहचान दिलावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला। ऊ कहलें कि उत्तर प्रदेश सरकार पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर लगातार काम करत बा अउरी एह तरह के महोत्सव प्रदेश के पहचान देश-दुनिया में मजबूत करत बा।


एह खास मौका पर गोरखपुर के लोकप्रिय सांसद अउरी फिल्म अभिनेता श्री रवि किशन के गरिमामयी उपस्थिति से महोत्सव अउरी भव्य बन गइल। रवि किशन गोरखपुर के सांस्कृतिक विरासत के सराहना करत कहलें कि ई महोत्सव पूर्वांचल के संस्कृति अउरी कला के देश-दुनिया तक पहुँचावे के सशक्त माध्यम बा।


गोरखपुर महोत्सव में लोकनृत्य, लोकगीत, सांस्कृतिक कार्यक्रम, हस्तशिल्प प्रदर्शनी, स्थानीय व्यंजन के स्टॉल अउरी पर्यटन से जुड़ल विविध आयोजन दर्शकन खातिर खास आकर्षण बनल बा। ई आयोजन गोरखपुर के ऐतिहासिक अउरी सांस्कृतिक पहचान के मजबूती से प्रस्तुत करत बा।


महोत्सव में भारी संख्या में स्थानीय नागरिक, कलाकार अउरी पर्यटकन के भागीदारी देखे के मिल रहल बा। आयोजन के लेके लोगन में खासा उत्साह बा अउरी प्रशासन के ओर से सुरक्षा अउरी व्यवस्था के पुख्ता इंतजाम कइल गइल बा।


गोरखपुर महोत्सव आवे वाला दिनन में भी अलग-अलग सांस्कृतिक अउरी पर्यटन आधारित कार्यक्रमन के माध्यम से पूर्वांचल के संस्कृति, परंपरा अउरी कला के मजबूत मंच देत रही।


गोरखपुर महोत्सव, गोरखपुर खबर, रवि किशन, उत्तर प्रदेश पर्यटन, गोरखपुर उत्सव, यूपी टूरिज्म, सीएम योगी



Post a Comment

0 Comments