ग्राम पाली में फिल्म ‘मिशन माफिया STF’ के शूटिंग के धूम, विधायक प्रदीप शुक्ला पहुंच के लिहलें जायजा
सहजनवां (गोरखपुर)। सहजनवां विधानसभा क्षेत्र के ग्राम पाली में एह समय फिल्म ‘मिशन माफिया STF’ के शूटिंग जोर-शोर से चल रहल बा। एह फिल्म में गोरखपुर के सदर सांसद आ अभिनेता श्री रवि किशन शुक्ला मुख्य भूमिका में नजर आईहें। शनिवार के स्थानीय विधायक श्री प्रदीप शुक्ला अपना समर्थकन के साथ शूटिंग स्थल पर पहुंचलें आ चल रहल शूटिंग के जायजा लिहलें।
एह दौरान विधायक प्रदीप शुक्ला फिल्म के पूरी टीम आ कलाकारन से मुलाकात कइलें आ उनका लोग के उत्साह बढ़वलें। ऊ कहलें कि ग्रामीण इलाका में फिल्मन के शूटिंग होखे से ना खाली क्षेत्र के पहचान बढ़ेला, बल्कि स्थानीय नवहियन आ कलाकारन के आपन प्रतिभा देखावे आ आगे बढ़े के मौका भी मिलेला।
विधायक श्री शुक्ला फिल्म के निर्देशक जीतू शर्मा आ तकनीकी टीम से भी बातचीत कइलें। एह दौरान ऊ फिल्म के कहानी आ शूटिंग से जुड़ल व्यवस्था के बारे में जानकारी लिहलें।
ओरहन, शूटिंग के देखे खातिर स्थानीय ग्रामीणन आ प्रशंसकन में भी खासा उत्साह देखे के मिल रहल बा। बड़ी संख्या में लोग शूटिंग स्थल पर पहुंच के फिल्म निर्माण के प्रक्रिया देख रहल बा।
विधायक प्रदीप शुक्ला के शूटिंग स्थल पर पहुंचला पर फिल्म के प्रोडक्शन यूनिट हेड आर्यन विश्वकर्मा, अखिलेश राय आ स्थानीय ग्रामीणन के ओर से स्वागत कइल गइल।



0 Comments