विज्ञापन

उत्तराखंड: चमोली में ग्लेशियर टूटल, 100 से 150 लोगन के हताहत होखे के आशंका।



उत्तराखंड: चमोली में ग्लेशियर टूटल, 100 से 150 लोगन के हताहत होखे के आशंका।

उत्तराखंड के चमोली जिला के रेनी गांव के पास एगो पॉवर प्रोजेक्ट के पास हिमस्खलन होखला से धौलीगंगा नदी के जल स्तर में भारी बढ़ोतरी हो गईल, जवना के वजह से जोशीमठ क्षेत्र में लोगन के भीषण बाढ़ के सामना करेके पड़ल बा। घटना रेनी गांव के पास भइल, जवन जोशीमठ से 26 किमी दूर बा। धौलीगंगा नदी के जलस्तर में अचानक बढ़ोतरी हो गईल अउरी एकरा किनारे कई घर नष्ट हो गइले स। भारत-तिब्बत सीमा पुलिस (आईटीबीपी) कहलस कि लगभग 10 बजे कुछ बादल फटला व जलाशय में जलस्तर में तीव्र वृद्धि से धौलीगंगा नदी में बाढ़ आ गईल, जवन कि गंगा नदी के 6 स्रोत धारा में से एगो बा।

ग्लेशियर टूटला के बाद ऋषि गंगा पनबिजली परियोजना में काम करे वाला कईगो मजदूरों के लापता होखेके आशंका बा। तपोवन बिजली परियोजना के एगो बांध टूट गईल अउरी ओकर बह जाये के आशंका बा। आईटीबीपी अउरी राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (एसडीआरएफ) के कर्मि फंसल लोगन के निकाले ख़ातिर प्रभावित इलाका में भेज दिहल गईल बा। आईटीबीपी कहलस कि, “हताहत लोगन के संख्या बढ़े के आशंका बा। सैकड़न आईटीबीपी के जवान बचाव अभियान ख़ातिर पहुंचल बाड़े।”

उत्तराखंड के मुख्यमंत्री त्रिवेंद्र सिंह रावत स्थिति के जायजा लेबे अउरी बचाव अउरी राहत कार्यन के निगरानी ख़ातिर एगो आपात बैठक बुलावले बाड़े। ऋषिकेश अउरी हरिद्वार में भले ही आपदा के असर महसूस ना होखे, लेकिन शहरन के अलर्ट पर रखल गईल बा। सरकार के एगो प्रवक्ता कहले कि जवना जगह पर ग्लेशियर टूटल बा। उहवाँ बहुत ज्यादा मानव बसाव ना रहल लेकिन कईगो बिजली परियोजना प्रभावित भइल बा। सरकार लोगन से गंगा नदी के पास ना जाये के अपील भी कइले बिया।




Post a Comment

0 Comments