विज्ञापन

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में उत्तम प्रदेश बन रहल बा उत्तर प्रदेश - भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार पवन सिंह



मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में उत्तम प्रदेश बन रहल बा उत्तर प्रदेश -  भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार पवन सिंह


कहले फिल्म उद्योग के हब बन रहल बा उत्तर प्रदेश।

लखनऊ में फिल्मन के  शूटिंग कर रहल बाड़े अभिनेता पवन सिंह।

भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार अउरी भारतीय जनता पार्टी के स्टार प्रचारक पवन सिंह एह दिनन में लखनऊ में कई फिल्मन के शूटिंग में व्यस्त बाड़े। प्रदेश सरकार द्वारा  पेश कईल बजट के उँहा का सराहना कईनी अउरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के उँहा के कुशल नेतृत्व ख़ातिर बधाई दीहले अउरी उँहा के प्रति आभार व्यक्त कईनी।


पवन सिंह जी कहनी कि  मुख्यमन्त्री योगी आदित्यनाथ जी के नेतृत्व में उत्तर प्रदेश  उत्तम प्रदेश बन रहल बा। उनकरा कुशल नेतृत्व में प्रदेश के हर क्षेत्र में अग्रिम विकास हो रहल बा। चाहे उ कृषि, उद्योग,शिक्षा,स्वास्थ्य ,बिजली ,सड़क ,पानी कवनो भी होखे।हर क्षेत्र में व्यापक सुधार देखेके के मिल रहल बा। खासकर हम कलाकारन ख़ातिर मुख्यमंत्री महोदय जवन सकारात्मक  माहौल देले बानी ओकरा से फिल्म उद्योग के बढ़ावा मिलल बा। इहे वजह बा कि आज प्रदेश के कई हिस्सा में फिल्मन के शूटिंग कईल जा रहल बा।मुख्यमन्त्री के एहि सहयोग से उत्तर प्रदेश फिल्म उद्योग के केंद्र बन रहल बा।

Post a Comment

0 Comments