आवते छा गईल पवन सिंह के गावल अउरी बलिया के लाल डॉ० सागर के लिखल बबुनी तेरे रंग में, अब तक 3 मिलियन से ज्यादा व्यूज़।
भोजपुरी फ़िल्म जगत में पावर स्टार के नाम से मशहूर सुपरस्टार अभिनेता अउरी भोजपुरी गायक पवन सिंह के होली गाना बबुनी तेरे रंग में यूट्यूब पर रिलीज दिखते धमाल मचा दिहलस। राउवा सभे के बता दिहल चाहतानी कि रिलीज होखला के कुछुवे घंटा पर ई गाना रिकॉर्ड तोड़ मिलियन में व्यूज़ आ गईल अउरी अबही लेके ताज़ा रिपोर्ट के अनुसार 3.4 मिलियन लोग एकरा के देखी चुकल बाड़े। एह गाना के लिखले बाड़े बाग़ी बलिया के लाल अउरी बम्बई में का बा से धमाल माचवे वाले डॉक्टर सागर। बता दिहल चाहतानी की डॉक्टर सागर के साथे पवन सिंह के ई पहिला गाना ह। साथे ही एकर म्यूजिक बॉलीवुड के प्रसिद्व संगीतकार जोड़ी सलीम - सुलेमान दिहले बा लोग।
एह गाना में बॉलीवुड एक्ट्रेस त्रिधा चौधरी अउरी पवन सिंह जमके धमाल मचावले बा लोग। पवन सिंह के साथे एह गाना में फीमेल वॉइस शरवी यादव देले बाड़ी।

0 Comments