विज्ञापन

महाराजगंज फरेंदा गोपलापुर बहुरह्वा बाबा शिव मंदिर में हजारन गो ले भक्त कइल लोग जलाभिषेक।



महाराजगंज फरेंदा गोपलापुर बहुरह्वा बाबा शिव मंदिर में हजारन गो ले भक्त कइल लोग जलाभिषेक।


रिपोर्ट अभिषेक आग्रहरि


 महाराजगंज जनपद में अइसे त कईगो शिव मंदिर बा। सबके आपन-आपन अनोखा मान्यता बा अउरी भगवान शिव के  जलाभिषेक कईल जाला अउरी उनकर पूजन अर्चन होला लेकिन जिला के फरेंदा कस्बा के समीप महाराजगंज रोड स्तिथ गोपलापुर ग्राम सभा के अंतर्गत बहुरह्वा बाबा शिव मंदिर प्राचीन शिव मंदिर के बात अनोखा बा।

एहिजा के अइसन मान्यता बा कि एहिजा मांगल हर मुराद पूरा तो होखेला साथ में ई भी कहल जाला कि मंदिर प्रांगण में जे भी प्रवेश करेला त ओकरा अजीब सा सुख शांति दैवीय सुख के अनुभूति होला।

एह मंदिर में फरेन्दा नगर वासिन के साथ-साथ आसपास के जनपद के लोग भी दर्शन करे आवेला लोग अउरी भगवान शिव के भक्ति में रम जाला लोग। आज शिवरात्रि के दिन इहवाँ भक्तन के उमड़ल सैलाब देखे के मिलल जवना में विभिन्न जगहन से भक्त शिव के दरबार में अइले अउरी पूजन अर्चन के साथ जलाभिषेक करत बम बम भोले, हर हर महादेव के जयकारा के स्वर  पूरा गोपलापुर मंदिर में गूँज उठल।


देखी वीडियो अउरी खो जाई भगवान शिव के भक्ति में👇

https://youtu.be/CrxEIMGo2Ac



Post a Comment

0 Comments