विज्ञापन

भोजपुरी फिल्म आ गाना के माध्यम से समाज में फाईलत अश्लीलता पर रोक लगावे के खातिर कठोर कानून बनो : गोरखपुर सांसद रवि किशन।



भोजपुरी फिल्म आ गाना के माध्यम से समाज में फाईलत अश्लीलता पर रोक लगावे के खातिर  कठोर कानून बनो : गोरखपुर सांसद रवि किशन।

भोजपुरी के राजभाषा के रूप में संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर अभियान चलावत बाडे सांसद रवि किशन शुक्ला  ।अब एह भाषा के गरिमा लौटावे के मुहिम छेड़ल गईल बा। भोजपुरी फिल्म, गाना में एह भाषा के अश्लील प्रयोग पर रोक लगावे खातिर उहां के सूचना अउरी प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर सहित मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सहित अन्य लोगन के पत्र लिखले बाड़े।



रवि किशन कहले  कि भोजपुरी भाषा के उदय सामवेद काल में भइल रहे। महात्मा गांधी चंपारण आंदोलन भोजपुरी क्षेत्र से ही शुरू कइले रहले। एही धरती के वीर कुंवर सिंह  आजादी खातिर बलिदान दिहले। लोक नाटककार भिखारी ठाकुर अउरी लोक गायक महेंद्र मिश्र एह भाषा के समृद्ध विरासत के फइलवले। देश के एह प्राचीन आ गरिमापूर्ण भाषा के प्रयोग भोजपुरी फिल्म आ गाना में अश्लीलता परोसे के नजरिया से कइल जाता।

उहां के बतवनी कि एह तरह के फिल्म अउरी गाना पर तुरंत प्रतिबंध लगावल जरूरी बा। उहां के सूचना एवं प्रसारण मंत्री भारत सरकार प्रकाश जावडेकर, प्रहलाद सिंह पटेल, संस्कृति मंत्रालय केंद्रीय राज्य मंत्री, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, मुख्यमंत्री बिहार नीतीश कुमार अउरी आलोक रंजन कला संस्कृति एवं युवा विभाग मंत्री बिहार के पत्र लिखके भोजपुरी फिल्म आ गाना के माध्यम समाज में फैलावल जात  अश्लीलता पर रोक लगावे  के खातिर  कठोर कानून बनावे के  मांग कइले।उ भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करे खातिर गैर सरकार सदस्य के रूप में संसद में प्रस्ताव भी पेश कर चुकल बाड़े।

Post a Comment

0 Comments