विज्ञापन

जन्मदिन विशेष : पिता की मार रवि किशन के बनावलस 'सुपरस्टार', आज ह 52वां जन्मदिन।

जन्मदिन विशेष : पिता की मार रवि किशन के बनावलस 'सुपरस्टार', आज ह 52वां जन्मदिन।

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार अउरी गोरखपुर से सांसद रवि किशन के आज जन्मदिन बा। आज उ 52 साल के हो गइले। रविकिशन अपना करियर के शुरूआत भोजपुरी फिल्म से कइले रहले। अपना दमदार अभियन के दम पर उ बॉलीवुड में एंट्री मारले तो पूरा देश में छा गइले। जौनपुर के केराकत तहसील के एगो छोट गांव में जन्मल रवि किशन के बचपन गरीबी में गुजरल। इनकर पिता जी पंडित श्याम नारायण शुक्ला पुजारी रहले। रवि किशन के पिता उनकरा के पढ़ा-लिखाके अपना तरह पुजारी बनावल चाहत रहले। उनकर मन फिल्मन में ज्यादा लागत रहल। एह बात पर ही उनकर पिता बेल्ट से बहुत पिटाई कइले रहल अउरी कहले कि ई क्या तु नचनिया बन रहल बाड़ा। जब रवि 17 साल के भइले त उनकर माई उनकरा के 500 रुपया दिहली अउरी उ भागके मुंबई चली गइले। रवि किशन ईहां एगो चॉल में रहके फिल्मन में काम ढूंढ़े लगले। रविकिशन वर्षन तक अच्छा किरदार पावे ख़ातिर मुंबई के सड़कन पर भटकत रहले। रवि  अपना एगो इंटरव्यू में कहले रहले कि अगर पिता जी उनकर पिटाई ना करते  त आज उ एगो गुंडा या गलत आदमी बन जइते। रवि किशन फिल्म तेरे नाम ख़ातिर रवि किशन ने सर्वश्रेष्ठ सह- अभिनेता के राष्ट्रीय पुरस्कार जीतल बाड़े।

इनपुट - इंटरनेट

Post a Comment

0 Comments