विज्ञापन

बलिया भाजपा IT सेल के संयोजक जय प्रकाश जायसवाल भइले राष्ट्रीय स्वास्थ्य स्वयंसेवक अभियान आयोजित प्रशिक्षण में शामिल, कहले प्रशिक्षण के बाद करब जिला,मंडल अउरी बूथ कार्यकर्ता लोगन के जागरूक।

बलिया भाजपा IT सेल के संयोजक जय प्रकाश जायसवाल भइले राष्ट्रीय स्वास्थ्य स्वयंसेवक अभियान आयोजित प्रशिक्षण में शामिल, कहले प्रशिक्षण के बाद करब जिला,मंडल अउरी बूथ कार्यकर्ता लोगन के जागरूक।


लखनऊ के इंदिरा गांधी प्रतिष्ठान गोमतीनगर में आयोजित राष्ट्रीय स्वास्थ्य स्वयंसेवक अभियान के प्रशिक्षण कार्यक्रम भइल आयोजित । बलिया के तरफ से जिला भाजपा आईटी सेल के संयोजक जय प्रकाश जायसवाल जी भइनी शामिल।

एह कार्यक्रम में मुख्य अतिथि भाजपा के राष्ट्रीय महामंत्री सीटी रबी जी के अलावा भाजपा प्रदेशाध्यक्ष स्वतंत्र देव सिंह, संगठन मंत्री सुनील बंसल जी, प्रदेश आईटी विभाग संयोजक कामेश्वर मिश्रा जी शामिल भइल लोग अउरी कार्यक्रम के संबोधित भी कइल लोग। एह कार्यक्रम के संचालन भाजपा प्रदेश मंत्री अर्चना मिश्रा जी कइनी।

एह प्रशिक्षण के बाद भोजपुरी न्युज़ से बात करत बलिया के जिला भाजपा आईटी विभाग संयोजक जय प्रकाश जायसवाल जी बतावनी की हमनी के टीम जिला, मण्डल, बूथ के कार्यकता लोगन के एह प्रशिक्षण के साथ साथ जागरूक करी।

Post a Comment

0 Comments