विज्ञापन

सपा में अम्बिक चौधरी के भइल घर वापसी त सिबगतुल्लाह अंसारी भी थामले साइकिल के झंडा।

लखनऊ : सपा में अम्बिक चौधरी के भइल घर वापसी त सिबगतुल्लाह अंसारी भी थामले साइकिल के झंडा।

यूपी विधान सभा चुनाव से पहीले प्रदेश के सियासत गर्म हो गईल बिया। सपा खुद के लगातार मजबूत करत जा रहल बिया। उनकरा कुनबा बढ़त जा रहल बा। आजु पूर्व मंत्री अबिका चौधरी बसपा के छोड़के एक बार फिर सपा में वापसी कइले। उ अपना बेटा अउरी समर्थकन के साथ सपा प्रमुख अखिलेश यादव के मौजूदगी में पार्टी के सदस्यता ग्रहण कइले। ओहीजे बसपा विधायक मुख्तार अंसारी के बड़ भाई सिबगतुल्लाह अंसारी अपना बेटा अउरी समर्थकन के साथ सपा के दामन थाम लिहले। मुलायम सिंह यादव सरकार में कैबिनेट मंत्री रहले अंबिका चौधरी लोकसभा चुनाव के दौरान बसपा में शामिल हो गईल रहले। फेर समाजवादी पार्टी में शामिल हो गईले। उ सपा के संस्थापक सदस्य रहल बाड़े। उनकर घर वापसी के पटकथा महीनों पहीले तय हो गईल रहे जब उनकरा बेटा के समाजवादी पार्टी  जिला पंचायत अध्यक्ष के टिकट दिहले रहल। 

अम्बिक चौधरी, मुलायम अउरी अखिलेश सरकार में मंत्री रह चुकल बाड़े। एकरा अलावा बलिया के फेफना विधान सभा सीट से चार बार विधायक रह चुकल बाड़े। सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव पूर्व मंत्री अंबिका चौधरी के सपा में शामिल करावत  कहले कि नेताजी के जतना भी पुरान साथी बड़े उनकरा के समाजवादी पार्टी से फेर जोड़ल जाई। ओहीजे मउ से बसपा के विधायक मुख्तार अंसारी के भाई पूर्व विधायक सिवगतुल्लाह अंसारी बेटा मुन्नू अंसारी के साथ सपा में शामिल हो गइले। गौरतलब बा कि अंसारी परिवार पहीले भी सपा के हिस्सा रह चुकल बा लोग। कौमी एकता दल नाम से राजनैतिक पार्टी भी बनावले रहल लोग। 2017 के विधान सभा चुनाव के पहीले भी अंसारी परिवार कौमी एकता दल के विलय सपा में कर दिहले रहल लोग। बाद में अंसारी परिवार बसपा में शामिल हो गईल रहल लोग। बसपा  मउ की सदर सीट से मुख्तार अंसारी, धोसी सीट से मुख्तार अंसारी के बेटा अब्बास अंसारी अउरी गाजीपुर की मोहम्मदाबाद सीट से सिवगतुल्ला अंसारी के टिकट दिहले रहल। एकरा अलावा 2019 के लोकसभा चुनाव में भी महागठबंधन के और से बसपा  अफजाल अंसारी के गाजीपुर से टिकट दिहले रहल अउरी उ एह चुनाव में जीतले भी। बतावत चली कि सपा प्रमुख अखिलेश यादव लगातार अपना पार्टी से पुरान लोगन के जोड़े के काम कर रहल बाड़े अउरी सपा के मजबूती देबे में जुटल बाड़े।

Post a Comment

0 Comments