विज्ञापन

बलिया : अश्विनी सिंह 'लिटिल' के भाजयुमो बनवलस भाजयुमो बलिया के जिलाध्यक्ष।

बलिया : अश्विनी सिंह 'लिटिल' के भाजयुमो बनवलस भाजयुमो बलिया के जिलाध्यक्ष।

भारतीय जनता युवा मोर्चा के  प्रदेश अध्यक्ष प्रांशु दत्त द्विवेदी जी  अश्वनी सिंह “लिटिल” के बलिया के जिलाध्यक्ष मनोनीत  कइले । श्री लिटिल  मूल रूप से बांसडीह विधानसभा के बांसडीह कचहरी के निवासी बाड़े । श्री लिटिल के भाजयुमो के जिलाध्यक्ष बने के खबर मिलत  समर्थक में खुशी के लहर दौड़ गइल।

बता दी कि श्री लिटिल आजादी के लड़ाई में शामिल सप्तर्षि ठाकुर निरंजन सिंह के प्रपौत्र अउरी ठाकुर रणजीत सिंह के  पौत्र बाड़े।इनकर राजनीति के शुरुआत छात्र संघ भइल । वर्षों से बंद छात्र-संघ के प्रतिबंध हटला के बाद जब पहला चुनाव 2012 में भइल ,तब से छात्र  राजनीति के साथे साथे सामाजिक कार्य मे लगले त लागल ही रह गईले।

 युवा  में लोकप्रिय  लिटिल  भारतीय जनता युवा मोर्चा के उपाध्यक्ष रह के  बेहतरीन कार्य कइले अउरी नौजवानन के भाजपा से जोडे़ के काम कइले । वर्ष 2014,  2017 अउरी 2019 के लोकसभा अउरी विधानसभा के चुनाव में युवा के जोडे़ में इनकर अहम् भूमिका रहल । लिटिल  जी  पुरबिया नामक एगो सामाजिक संस्था के माध्यम से लगातार भोजपुरिया समाज अउरी संस्कृति के उत्थान के खातिर कार्य करत बाड़े ।

बलिया से लेके बांसडीह तक अश्वनी सिंह लिटिल  के हजारों लोग प्रशंसक बाड़े। इनकर पूरा एगो टीम बिया, जवन की लगातार सामाजिक कार्य में लागल रहेले । अश्वनी सिंह के जिला-अध्यक्ष बनावे जाई के खबर जैसे ही बलिया पहुंचल युवा में ख़ुशी के लहर दौड़ पड़ल । 

Post a Comment

0 Comments