विज्ञापन

दर्शकन के खूब पसंद आ रहल बा धीरज मिश्रा के वेब सीरीज "गुनाहों के राजा"

दर्शकन के खूब पसंद आ रहल बा धीरज मिश्रा के वेब सीरीज "गुनाहों के राजा"



आजकल ओटीटी पर अपराध, हत्या आ रोमांच से भरल कहानी लोगन के दिल जीत रहल बा। एह रेस में अब नया नाम जुड़ गइल बा — धीरज मिश्रा के बनावल वेब सीरीज "गुनाहों के राजा"।


एह सीरीज में जहाँ हत्या आ सस्पेंस बा, ओही में प्यार के भी जबरदस्त तड़का मिलल बा। कहानी प्रयागराज शहर के बा, जहाँ नायक नायिका से एह कारण शादी से मना कर देला काहेकि ऊ ओकर गुरु के बेटी ह। बाकिर कुछ दिन बाद ओही नायिका के हत्या हो जाला आ इहंवा से शुरू हो जाला असली खेल — "गुनाहों के राजा" के।


ई सीरीज वर्टीकल फॉर्मेट में बनल बा, जवन मोबाइल पर देखे वालन के काफी पसंद आ रहल बा। पूरा शूटिंग प्रयागराज में भइल बा। धीरज के कहनाम बा कि प्रयागराज शिक्षा के गढ़ ह, बाकिर ओही में अपराधो खूब पनप रहल बा। एह माहौल से ऊ प्रेरित भइले आ ई कहानी लिखले।


ई वेब सीरीज भोजपुरिए भाषा में बनल बा — आपन तरह के पहिलका आ अनोखा प्रयोग।



धीरज कहलन, “आजकल लोग आपन भाषा में कंटेंट देखे के पसंद कर रहल बा। प्रादेशिक भाषा के आपन अलग पहचान बन गइल बा। बड़-बड़ निर्माता लोग अब एही दिशा में बढ़ रहल बा। हम चाहनी कि कहानी में माटी के खुशबू भी होखे आ दर्शकन के मनोरंजन भी पूरा मिले।”


एह शो के लेखक खुद धीरज मिश्रा हउवें, निर्माता भी ऊ खुदे बाड़न लालमणि फिल्म्स के बैनर तले। निर्देशक राजा रणदीप बाड़न आ कैमरा संभालले बाड़न वीर चंदन।


मुख्य किरदार में गोलू तिवारी नजर आ रहल बाड़न। आउर कलाकारन में शामिल बाड़न — प्रशांत राय, गौरव, जीशान, राज सोनी, शृष्टि, निधि, राहुल, सत्यम आ गणेश।


🎬 "गुनाहों के राजा" के ट्रेलर देखीं:

👉 https://www.youtube.com/shorts/CmgRnUAP4GQ


📲 कहाँ देखी:

"गुनाहों के राजा" अब MiniPix ऐप पर उपलब्ध बा। आप प्ले स्टोर पर जा के MiniPix डाउनलोड करीं आ ई जोरदार सीरीज के मजा लीं।

Post a Comment

0 Comments