विज्ञापन

सभे परेशान बा सबकी दिल मे इहे बात बा 22 में आवत सपा सरकार बा-धर्मेन्द्र सोलंकी

सभे परेशान बा सबकी दिल मे इहे बात बा 22 में आवत सपा सरकार बा-धर्मेन्द्र सोलंकी

रिपोर्ट : दरोगा यादव देव

मिर्जापुर। सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के प्रदेशअध्यक्ष धर्मेन्द्र सोलंकी के आगमन बुध के  मिर्जापुर समाजवादी पार्टी कार्यालय लोहिया ट्रस्ट पर भइल। सपा कार्यकता के सम्बोधित करत धमेन्द्र सोलंकी ने कहले कि  भारतीय जनता पार्टी कि सरकार में महिला पर हो रहल अत्याचार बा, सभ वर्ग परेशान बा, बेरोजगारी महँगाई पर बोले में सरमाता लोग।माइक पर छूट बोले में नइले लोग सरमात। सोलंकी  कहा कि सपा सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के कार्यकर्ता प्रदेश के सभ बूथ पर जाके अपना गीत,भाषा के  माध्यम से भारतीय जनता पार्टी के नाकामिन के बतावे के कार्य कर रहल बिया। श्री सोलंकी अपने सम्बोधन में कहनी कि समाजवादी पार्टी के सरकार बनी तबे उत्तर प्रदेश के विकास होई। हम आप सभ जनता से अपील करे आईल बानी की अगर आप लोग उत्तर प्रदेश के खुशहाली चाहत बानी त आवे वाला चुनाव में समाजवादी पार्टी के सरकार बनावे के होई। कार्यकम के अध्यक्षता पार्टी जिला अध्यक्ष श्री देवी प्रसाद चौधरी जी कईनी। कार्यकम के संचालन सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के जिला अध्यक्ष राजेश यादव "गायक" कइले, स्वागत में सांस्कृतिक प्रकोष्ठ प्रदेश सचिव सिद्धान्त यादव, पूर्व जिला अध्यक्ष अशोक यादव, जिला प्रवक्ता अशोक सिह, मुन्ना रामानन्द यादव, विशाल मादा अंसारी, शशांक यादव, रविन्द्र यादव, रामअवतर आदि लोग उपस्थित रहल लोग।




Post a Comment

0 Comments