विज्ञापन

युवा कवि श्वेतांक के मिलल हिंदी साहित्य ज्योति रत्न सम्मान।

युवा कवि श्वेतांक के मिलल हिंदी साहित्य ज्योति रत्न सम्मान।

युवा कवि बलिया के लाल श्वेतांक कुमार सिंह के इनकरा हिंदी साहित्य में महत्वपूर्ण योगदान ख़ातिर जयपुर, राजस्थान की संस्था हिंदी साहित्य ज्योति-पुंज ने 'हिंदी साहित्य ज्योति रत्न' से सम्मानित कइलस। संस्था के संस्थापक बीएल मान देश के चुनिंदा कवि अउरी साहित्यकारन के हिंदी साहित्य के क्षेत्र में उल्लेखनीय कार्य ख़ातिर ई सम्मान शिक्षक दिवस पर घोषित कइले रहले।

रउवा के बता दिहल जाउ की इंहा के दु दिन पहीले ही सीतापुर से शिक्षक रत्न सम्मान-2021 से विभूषित कईल गईल रहे। अब तक दर्जन भर पुरस्कारन से सम्मानित हो चुकल बलिया जिला के चकिया गांव निवासी श्वेतांक सिंह शिक्षा क्षेत्र बैरिया में बतौर सहायक अध्यापक श्वेतांक सिंह के मानल बा कि कविता शोषित लोगन में आवाज ह, जवना के उ अपना कविता के माध्यम से बुलंद करत रहिहे।

Post a Comment

0 Comments