विज्ञापन

मनोज सिंह पटेल बनले सपा पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के प्रदेश सचिव, समाजवादी कार्यकर्ता लोग में हर्ष के माहौल

मनोज सिंह पटेल बनले सपा पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के प्रदेश सचिव, समाजवादी कार्यकर्ता लोग  में हर्ष के माहौल

रिपोर्ट : डी० डी० यादव

मीरजापुर। समाजवादी पार्टी  चुनार जनपद मिर्जापुर निवासी समाजवादी नेता श्री मनोज सिंह पटेल  के समाजवादी पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के राज्य कार्यकारणी के प्रदेश सचिव  नियुक्त कइल गईल।  समाजवादी पार्टी पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के राज्य कार्य कारिणी उत्तर प्रदेश में प्रदेश सचिव नामित होखला पे मनोज सिंह पटेल  कहले कि हमार नेता समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष परम आदरणीय अखिलेश यादव जी के निर्देश पर प्रदेश अध्यक्ष विकास पुरुष नरेश उत्तम पटेल जी हमरा के समाजवादी पार्टी पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के राज्य कार्य कारिणी उत्तर प्रदेश में प्रदेश सचिव नामित कइले बानी।एकरा खातिर हम मा० राष्ट्रीय अध्यक्ष जी,प्रदेश अध्यक्ष के  साथ ही पूर्व मंत्री आ लखनऊ विश्वविद्यालय के पूर्व छात्र संघ के अध्यक्ष आ  प्रदेश अध्यक्ष पिछड़ा प्रकोष्ठ डा० राजपाल कश्यप के आभारी बानी। अउरी इ दृढ़संकल्प लेत बानी कि आप लोग के उम्मीद पर खरा उतरम। 

एकरा साथे हम 2022 में आ रहल सपा सरकार के सीटन के गिनती के एगो नया आयाम तक पहुँचाइम। मनोज सिंह पटेल के पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ में प्रदेश कार्यकारिणी में प्रदेश सचिव बनला पे श्री कल्याण यादव जिला पंचायत सदस्य, पंकज सिंह पटेल प्रदेश सचिव, समाजवादी युवजन सभा चंदन सिंह, पूर्व अध्यक्ष यूथ बिग्रेड रितेश सिंह, श्री रविंद्र बहादुर सिंह, राजेश यादव गायक सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के जिला अध्यक्ष मिर्जापुर,पूर्व अध्यक्ष सोनभद्र शैलेश सिंह,जिला पंचायत सदस्य रमेश सिंह, स्वामी जी, बीके सिंह, अउरी अन्य लोग  बधाई दिहले।

Post a Comment

0 Comments