विज्ञापन

देवरिया : रास्ता के विवाद के लेके चलल गोली, दु लोगन के मौत, चार लोगन के गम्भीर हालत में मेडिकल कालेज रेफर कुइल गईल।

देवरिया : रास्ता के विवाद के लेके चलल गोली, दु लोगन के मौत, चार लोगन के गम्भीर हालत में मेडिकल कालेज रेफर कुइल गईल।

 जिला के बरहज थाना क्षेत्र स्थित चकरा नोनार गांव में मगर  के सुबह दू पक्षन में पुरान विवाद के लेके मारपीट के बाद फायरिंग शुरू हो गईल। जवना रमेश यादव (45) अउरी कोकिल यादव (35) पुत्र गण लालधारी समेत नौ लोग घायल हो गईल। सभ के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां रमेश अउरी कोकिल दूनो संगा भाइई के मौत हो गईल। चिकित्सक  हालत गंभीर देख चार लोग के  मेडिकल कालेज गोरखपुर के खातिर रेफर कई दिहले।

चकरा नोनार गांव में लल्लन अउरी हंसनाथ यादव के बीच करीब 20 साल से रास्ता के विवाद चलत रहल । विवाद के लेके कहासुनी फायरिंग में रमेश यादव, कोकिल यादव, बेचू यादव (70), राजा यादव, देवानंद (16), शिवानंद (20), अंकित (15), लालधारी (60), विनोद घायल हो गईले। सब के इलाज के खातिर जिला अस्पताल ले जाइल गईल। चिकित्सक बेचू, राजा, देवानंद, अंकित के मेडिकल कॉलेज रेफर कई दिहले। ग्रामीण के अनुसार, कोकिल के बागीचा अउरी गांव में मकान बा। उ सुबह गांव वाला घर से बागीचा स्थित मकान पे जात रहले । रास्ता में हंसनाथ के घर के लोग से कोकिल के कहासुनी होखे लागल। लालजी के ललकररा पे मारपीट शुरू हो गईल। जानकारी होखला पे कोकिल के घर के लोग भी पहुंच गईले। मारपीट में लाइसेंसी असलहा अउरी तमंचा निकल गईल अउरी ताबड़तोड़ फायरिंग होखे लागल। गोलियन के तड़तड़ाहट से गांव में अफरातफरी मच गईल। सूचना पे एसडीएम ध्रुव शुक्ल, सीओ देव आनंद, प्रभारी थानाध्यक्ष सुभाष चंद्र पांडेय फोर्स के साथ मौका पे पहुंच गईले । सीओ देवआनंद  बतवले कि रास्ता के विवाद के लेके गोली चलल बा। जवना गोली लगला से रमेश अउरी कोकिल के मौत हो गईल। जबकि घायलन के इलाज के खातिर भेजल गईल बा।


Post a Comment

0 Comments