विज्ञापन

गोरखपुर के मनोरम लोकेशन में शुरू भइल प्रिंस - पायस के फ़िल्म 'तेरे इश्क़ में' के शूटिंग।

गोरखपुर के मनोरम लोकेशन में शुरू भइल प्रिंस - पायस के फ़िल्म 'तेरे इश्क़ में' के शूटिंग।

गोरखपुर 25 नवंबर 2021। भोजपुरी मेगा स्टार अउरी गोरखपुर के सांसद रवि किशन के मोस्ट फेवरेट शूटिंग स्पॉट बन चुकल उत्तर प्रदेश  गोरखपुर जिला में आज से बाहुबली फेम फिल्म अभिनेता प्रिंस सिंह राजपूत अउरी पायस पंडित के भोजपुरी फिल्म 'तेरे इश्क़ में' के शूटिंग शुरू हो चुकल बा। ई फ़िल्म बेहद रोमांटिक बिया अउरी एकर शूटिंग बेहद भव्यता के साथ कईल जा रहल बा। एह फ़िल्म के निर्माता गोरखपुर निवासी अवधेश कुमार सिंह जी बानी अउरी निर्देशक अजय कुमार जी बानी। प्रिंस सिंह राजपूत के साथ अजय कुमार के i चौथा फ़िल्म बा। फ़िल्म ख़ातिर बेहद अच्छा तैयारि भी कईल गईल बा अउरी तब जाम आज से एकर शूटिंग जोर शोर से शुरू हो पाईल।

मती प्रोडक्शन के बैनर तले बन रहल भोजपुरी फिल्म 'तेरे इश्क़ में' के लेके निर्माता अवधेश कुमार सिंह जी बतावनी कि फ़िल्म हमनी का बेहद मनोरंजक अउरी दर्शकन के पसंद आवे वाली बना रहल बानी जा। शुरू से हमार भी शौक सिनेमा के प्रति रहल, एहसे हम एकर हर बारीकि पर नज़र रखले बानी। उम्मीद बा फ़िल्म दर्शकn के दिल में उतर जाई। उहां का  लोकेशन के लेके कहनी कि हमार कहानी ख़ातिर गोरखपुर से बेहतर कवनो लोकेशन होइये ना सकत रहल। ईहां के बात ही अलग बा, तबे बॉलीवुड के भी लोग गोरखपुर में आके फ़िल्म के शूटिंग करत बाड़े। हमारा ख़ातिर त ई होम पैलेश सा बा। अउरी ईहाँ के संसद रवि किशन भी फिल्मन के शूटिंग ज्यादा से ज्यादा हो ओकरा  ख़ातिर सभ के आसानी से लोकेशन मिल जाता। बहुत ज्यादा भागे के जरुरत नइखे पड़त।

ओहीजे, फिल्म अभिनेता प्रिंस सिह राजपूत ने कहले कि फ़िल्म के कहानी ने हमरा के बेहद आकर्षित कइलस। आशा बा कि राउवो के भी पसंद आई। अभी शूटिंग शुरू भइल बा अउरी हम सभ फ़िल्म के लेके उत्साहित बानी जा। एकरा ख़ातिर हम आपन सौ फीसदी एफर्ट लगा रहल बानी। फ़िल्म बेहद खास बने वाली बिया। रउवा के बता दिहल चाहतानी कि एह फ़िल्म में छायांकन रवि चन्दन ,गीतकार संतोष उत्पति -अजित मंडल, संगीतकार सुदीप साजन, लेखक अजय कुमार मनोज गुप्ता,  मारधाड़ प्रदीप खड़का, प्रोडक्शन मनोज गुप्ता अउरी प्रचारक संजय भूषण पटियाला बाड़े लोग।

एह फिल्म के मुख्य कलाकार बा लोग प्रिंस सिह राजपूत, पयास पंडित, अलिसा अली खान, सुजान सिंह , विशाल विनीत, संजय सिंह, राहुल श्रीवस्ताव अउरीअवधेश मिश्रा बा लोग।


Post a Comment

0 Comments