विज्ञापन

बिहारी बॉय प्रेम सिंह अउरी रानी चटर्जी स्टारर फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है' के फर्स्ट लुक भइल आउट।

बिहारी बॉय प्रेम सिंह अउरी रानी चटर्जी स्टारर फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है' के फर्स्ट लुक भइल आउट।

प्रेम सिंह कहले - पति - पत्नी के प्रेम अउरी संघर्ष के अभिव्यक्ति बा हमर फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है'

पी एच एस फिल्म्स प्रस्तुत पारिवारिक भोजपुरी फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है' के फर्स्ट लुक आउट कई दिहल गईल, जवना में एगो आकर्षक गाँव अउरी गाँव के कहानी के झलक मिलता। एह फ़िल्म के केंद्रीय किरदार में बिहारी बॉय प्रेम सिंह बाड़े अउरी उनकरा साथे रानी चटर्जी भी नज़र आ रहल बाड़ी। फ़िल्म के फर्स्ट लुक आउट होखला के बाद प्रेम सिंह एकरा के अद्भुत बतावले अउरी ई फ़िल्म कई मायनन में हर सिने प्रेमिन ख़ातिर खास बा। 

प्रेम सिंह कहले कि फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है' एगो पति - पत्नी के बीच के प्रेम अउरी संघर्ष के गाथा बा, जवना के सरोकार ग्रामीण परिवेश मे बा। वईसे ई कहानी हर परिवेश ख़ातिर सार्थक बा। हमार फ़िल्म के हर किरदार बेहद स्ट्रांग बा।रउवा अगर पोस्टर देखब त हम एहमें सूप से अनाज फटकत नज़र आईल बानी अउरी रानी चटर्जी पढ़ाई कर रहल बाड़ी,  जवन कहीं न कहीं बेहद सकारात्मक संकेत बा समाज के महिला लोगन के प्रति। एहसे रउवा सब से आग्रह बा कि रउवा सभ हमार फ़िल्म जरूर देखब जब ई रिलीह होई त अउरी अपना परिजनों के साथ जरूर देखब।

रउवा सभे के बता दिहल चाहत बानी कि फिल्म 'मेरा पति मेरा देवता है' के निर्देशक अजय कुमार झा बाड़े। निर्माता हिमांशु शेखर चौधरी अउरी सुनील सिंह बाड़े। फ़िल्म में प्रेम अउरी रानी के साथे सुशील सिंह, अखिलेश यादव, लोटा तिवारी, संतोष श्रीवास्तव, विद्या सिंह, संजू सोलंकी अउरी उमाकांत राय मुख्य भूमिका में बा लोग। फ़िल्म के पीआरओ संजय भूषण पटियाला बाड़े। संगीत छोटे बाबा अउरी आर्या शर्मा के बा। गीत अरविंद तिवारी, यादव राज, संतोष उत्पाती, सागर परदेशी अउरी अर्जुन शर्मा के बा। कहानी विजय सहनी  लिखले बाड़े। डीओपी मनोज सिंह, एक्शन दिनेश यादव, कोरियोग्राफी प्रवीण शेलार अउरी अशोक माईती अउरी संकलन गुर्जन्ट सिंह के बा।

Post a Comment

0 Comments