विज्ञापन

खेसारीलाल यादव के साथे पहीला बार पंजाबी सिंगर शिप्रा गोयल गइली हिंदी गाना 'रोमांटिक राजा', 17 दिसंबर के होई रिलीज

खेसारीलाल यादव के साथे पहीला बार पंजाबी सिंगर शिप्रा गोयल गइली हिंदी गाना 'रोमांटिक राजा', 17 दिसंबर के होई रिलीज

कोरियोग्राफर मुद्दसर खान के गाना 'रोमांटिक राजा' में चली खेसारीलाल यादव अउरी पंजाबी सिंगर शिप्रा गोयल के जादू।

सुपर हिट बॉलीवुड सॉन्ग इश्क बुलावा, तूती बोले वेडिंग दी, उंगली पे नचाले फेम पंजाबी पॉप सिंगर शिप्रा गोयल पहला बार भोजपुरी ट्रेंडिंग स्टार खेसारीलाल यादव के साथे बॉलीवुड गाना 'रोमांटिक राजा' से धमाल मचावे के तैयार बाड़े। एह गाना के पोस्टर आज जारी कई दिहल गईल । हिट मशीन के इ गाना 17 दिसंबर के रिलीज होई। एह  गाना पे सब के नज़र बा, काहे कि एह बार कोरियोग्राफर मुद्दसर खान भोजपुरी अउरी पंजाबी सिंगर के लेके आवत बाड़े, उ पहले से  हिंदी गाना से तहलका मचावे के तैयारी कइले बाड़े। मालूम होई कि मुद्दसर खान, बॉलीवुड के भाई सलमान खान के कोरियोग्राफर रह चुकल बाड़े। 

एह  गाना के लेके शिप्रा गोयल कहली  कि गाना 'रोमांटिक राजा' काफी एंटेरटेनिंग बा। इ गाना बड़ हिट होई, एकर हम कामना करत बानी। एह मे पंजाबी सिंगर अउरी खेसारीलाल यादव भोजपुरी सिंगर बाड़े, इ एगो नया प्रयोग भी बा। दोनों डिफरेंट बाड़े, लेकिन हमनी बहुत अच्छा काम कइले बानी। हमरा उम्मीद बा कि हमार गाना  खाली यूपी - बिहार बल्कि पंजाब अउरी पूरा देश में पसंद कइल जाई। बस इंतज़ार कुछ घंटा के बा। हम सब से अपील करम कि आप सब हमार गाना के जरूर सुनी अउरी देखी 

आपके बता दिहल चाहत बानी कि शिप्रा गोयल पंजाब से बाड़ी लेकिन उनकर अपब्रिंगिंग दिल्ली के बा। उ एगो मशहूर म्यूजिक फैमली से आवे ली। जहां से उन्हा के संगीत विरासत में मिलल बा । तभ ही पंजाबी अउरी हिंदी म्यूजिक इंडस्ट्री में आपन सिक्का जमा चुकल बाडी । उनकर हिंदी गाना 17 दिसम्बर के ब्लू बीट स्टूडियो से रिलीज होई, जेकर निर्माण मुद्दसर खान के निर्देशन में ब्लू बीट स्टूडियो से कइल जाई। निर्माता इशान कपूर बाड़े अउरी कंसेप्ट विवेक सिंह के बा। लिरिक्स कुणाल वर्मा के ह अउरी म्यूजिक अभिजीत वघानी के बा। पीआरओ संजय भूषण पटियाला बाड़े।

Post a Comment

0 Comments