विज्ञापन

बलिया सांसद विरेंद्र सिंह "मस्त" जी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी से मुलाकात कईनी, एह दौरान भईल कईगो योजना पर चर्चा।

बलिया सांसद विरेंद्र सिंह "मस्त" जी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी से मुलाकात कईनी, एह दौरान भईल कईगो योजना पर चर्चा।

बलिया लोकसभा के सांसद विरेंद्र सिंह मस्त जी आजू लखनऊ में मुख्यमंत्री आवास पर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी से मुलाकात कइके विभिन्न योजना पे विस्तृत चर्चा कईनी। 

एह दौरान उहाँ का जल संरक्षण के चल रहल कार्यन पे चर्चा कईनी जवना में सुरहा ताल, भागड़ नाला, कटहल नाला अउर मंगई नदी में हो रहल कार्यन प धन अउर प्रशासनिक सहायता में कवनो प्रकार के अवरोध ना होेखे।

एकरा अलावा किसान लोगन के आय दुगना करे में ऑर्गैनिक फ़ार्मिंग के संभावना पर चर्चा कईनी, चर्चा के दौरान ई तय भईल कि ग़ाज़ीपुर, बलिया में गंगा के किनारे बसल गांवन में एकरा खेती खातिर उपयुक्त भूमि अउर परिस्थिति बा, एह गाँवन में किसान लोगन खातिर सार्टिफायिंग सेंटर अउर ऑर्गैनिक उत्पाद क्रय केंद्र चालू कइल जाई। 

एकरा अलावा सांसद महोदय के अनुसार बलिया क्रांतिकारिन के धरती बा जवन 1942 में ही आज़ाद हो गइल रहे। आज़ादी के एह 75 वाँ वर्ष में सरकार द्वारा चलावल जा रहल आज़ादी के अमृत महोत्सव में आज़ादी खातिर शहीद बलिया के स्वतंत्रता संग्राम सेनानी लोगन के गाँव के आधारभूत सुविधा से सुसज्जित करे खातिर मुख्यमंत्री आपन सहमति प्रदान कईनी।

एकरा अलावा ऋषि कृषि पराशर मुनि के जन्मस्थली परसिया के पर्यटन स्थल के रूप में विकसित करने के बारे में भी चर्चा भईल।

एह मुलाकात के दौरान किसान लोगन खातिर प्राकृतिक खाद केंद्रन के स्थापना कई गोबर के ख़रीदारी कई प्राकृतिक खेती में एकरा के प्रयोग में लावे प चर्चा भईल।

Post a Comment

0 Comments