विज्ञापन

अरविंद अकेला कल्लू आ यमिनी सिंह के फिलिम ‘प्यार का देवता’ के ट्रेलर 22 जुलाई के रिलीज होखी, जानी कहवा।

अरविंद अकेला कल्लू आ यमिनी सिंह के फिलिम ‘प्यार का देवता’ के ट्रेलर 22 जुलाई के रिलीज होखी, जानी कहवा।


 युवा दिल के धड़कन अरविंद अकेला कल्लू के प्रशंसक जल्दिए उनुका के बड़का परदा पर ‘प्यार का देवता’ नाम के एगो झिलमिलात फिलिम में देख पइहें। एह फिलिम के पहिला झलक जल्दिए मिले जा रहल बा।  माने कि एह फिलिम के ट्रेलर एह महीना के 22 तारीख के रिलीज होखी।  ई जानकारी अरविंद अकेला कल्लू दिहले बाड़न। बतावल जात बा कि ‘प्यार का देवता’ फिलिम के ट्रेलर 22 जुलाई के रत्नाकर कुमार के यूट्यूब चैनल वर्ल्ड वाइड रिकार्ड्स से रिलीज हो रहल बा।  लखनऊ में शूटिंग भइल एह फिलिम में कुल आठ गो गाना बा, दर्शक एह फिलिम के सभ गाना भोजपुरी टीवी के सभ सैटेलाइट चैनलन पर देख सकेले।

भोजपुरी फिलिम ‘प्यार का देवता’ के ट्रेलर रिलीज करे के लगभग सभ तइयारी पूरा हो गइल बा जवना के बारे में कल्लू बतवले बाड़न कि ई फिलिम प्यार के एगो अनोखा दांस्ता बा, जवन सभकर दिल छू ली।  एह फिलिम के बड़हन पैमाना पर निर्माण भइल बा।  एह में हमार भूमिका जतना मजबूत बा ओतने हमार सह-अभिनेता लोगन के भूमिका भी मजबूत बा।  फिल्म के कहानी पहिला नजर में सहमती दे देहले रहल।  हमरा लागता कि सभके पहिले हमरा फिल्म के ट्रेलर देखे के चाही।  एकरा बाद रउरा इहो अंदाजा हो जाई कि फिलिम के मनोरंजन ग्राफ केतना बढ़िया बा। फिल्म ‘प्यार का देवता’ में हमारा अपोजिट यामिनी सिंह बाड़े, जेकरा संगे हम पहिले भी काम कईले बानी अवुरी हमनी के जोड़ी के दर्शक बहुत पसंद करेले।


कल्लू जी बतवले कि फिल्म ‘प्यार का देवता’ के निर्माण साईं श्रृंगार के बैनर तले भईल बा।  एह फिलिम के निर्माता संजय कुमार सिंह, लेखक संजय राय अउर निर्देशक मो फैजल रियाज बाड़े, दुनु जने के साथे काम करे के हमार अनुभव भी खास रहल। एकरा अलावे ए फिल्म में समर्थ चतुर्वेदी, सपना सिंह, देव सिंह, कृष्ण कुमार अवुरी नूर तौबा भी बाड़े।  एह फिलिम के पीआरओ बा संजय भूषण पटियाला बाड़े। डीओपी अयूब अली, प्रोडक्शन शाहनवाज हुसैन।संगीत दे रहल बानी ओम झा।  कोरियोग्राफी कानू मुखर्जी के बा। फिल्म गजब के बा आ ट्रेलर भी बढ़िया बा, जरूर देखब सभे।

Post a Comment

0 Comments