विज्ञापन

सांसद रवि किशन के संसदीय क्षेत्र गोरखपुर में 16 सितंबर से भोजपुरी फिल्म 'भारत माता की जय' की शूटिंग।

सांसद रवि किशन के संसदीय क्षेत्र गोरखपुर में 16 सितंबर से भोजपुरी फिल्म 'भारत माता की जय' की शूटिंग।


 ब्राइट सन प्रस्तुत मशहूर अभिनेता प्रिंस सिंह राजपूत आ पायस पंडित अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘भारत माता की जय’ के शूटिंग 16 सितंबर से गोरखपुर सांसद रवि किशन के संसदीय क्षेत्र में कइल जाई।  ई फिलिम के दुसरका शेड्यूल के शूटिंग होखी। एकर तइयारी जोर शोर से चल रहल बा। फिल्म के पहिला शेड्यूल के शूटिंग शानदार रहल बा। ई कहे के बा की फिल्म के निर्देशक सुजीत कुमार सिंह जी के, उ बतवले कि 'भारत माता की जय' एगो बहुत शानदार कॉन्सेप्ट फिल्म बा अवुरी एकर निर्माण भव्यता के संगे कईल जाता।  हमनी का अबहीं एगो शेड्यूल पूरा कइले बानी जा जवना में सगरी कलाकार आपन सर्वश्रेष्ठ दिहले बाड़न।  साथही एह फिलिम के निर्माता सतीश पोद्दार के सहयोग अभूतपूर्व रहल बा।  उम्मीद बा कि हमनी के दूसरा शेड्यूल भी बढ़िया रही आ हमनी के एगो सार्थक फिल्म लेके दर्शकन के बीच आईब जा।

 एकरा साथे निर्माता सतीश पोद्दार के कहना बा कि फिल्म निर्माण एगो कला ह आ हमार मकसद बढ़िया फिलिम बनावल बा।  त हमनी का अपना फिलिम ‘भारत माता की जय’ के निर्माण में कवनो समझौता नइखीं करत आ कहानी के माँग का हिसाब से एह फिलिम पर काम करत बानी जा।  एकरा तहत अब हमनी के भोजपुरी के प्रसिद्ध आ ऊँचाई पर ले जाए वाला अभिनेता आ सांसद रवि किशन के संससदीय क्षेत्र में शूटिंग करे जा रहल बानी जा। इहाँ के लोकेशन ओतने हंसमुख आ रमणीय बा जतना रवि किशन के।  दर्शक लोग के भी ई लोकेशन बहुत पसंद बा।  कहलन कि बाबा गोरखनाथ के कृपा हमनी के फिलिम पर रही आ हमनी के एगो बढ़िया फिलिम ले के दर्शकन के सोझा आवे वाला बानी जा।


 आईं बता दीं कि ‘भारत माता की जय’ एगो बढ़िया देशभक्ति वाला फिलिम बने जा रहल बा। फिल्म एक्शन, इमोशन, देशभक्ति से भरल बा।  एह फिलिम में प्रिंस सिंह राजपूत, पायस पंडित, सुशील सिंह, संजय पाण्डेय, उमेश सिंह, देव सिंह, मनोज टाइगर, लोटा सिंह, राहुल श्रीवास्तव, रामजन साह, अनूप अरोड़ा आ अविनाश पांडे के मुख्य भूमिका बा। लेखक के नाम बा एसके चौहान। संगीत बा मधुकर आनंद के अउरी एक्शन हउवें प्रदीप खड्का के। पीआरओ संजय भूषण पटियाला बाड़े अउरी  एडिटर दीपक जोल आ डीओपी प्रमोद पाण्डेय हउवें।

Post a Comment

0 Comments