विज्ञापन

बलिया : श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया अउरी घाट के होइ सुन्दरीकरण, होई पर्यटन केंद्र के स्थापना।

बलिया : श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया अउरी घाट के होइ सुन्दरीकरण, होई पर्यटन केंद्र के स्थापना।

बैरिया, पर्यटन विभाग द्वारा द्वाबा के सिद्ध सन्त श्री श्री 1008 श्री स्वामी जी महाराज बाबा मठिया परिसर तिवारी के मिल्की में विकास अउरी विस्तार के खातिर पांच करोड़ रुपए खर्च कइल जाई। एह में मंदिर परिसर में स्थित स्वामी जी महाराज बाबा द्वारा स्थापित कइल गईल कुआ के जीर्णोद्धार, भागड़ नाला में स्वामी जी महाराज बाबा द्वारा स्थापित कइल गईल रामरेखा घाट के पक्का निर्माण अउरी रामरेखा घाट से स्वामी जी महाराज बाबा के समाधि स्थल तक ओवर ब्रिज के निर्माण प्रस्तावित बा। 

कार्य के मूर्त रूप देवे के खातिर बिअफे के पर्यटन विभाग के अधिकारी के साथे ब्लाक प्रमुख मुरली छपरा कन्हैया सिंह, भाजपा जिलाध्यक्ष जयप्रकाश साहू, श्याम सुंदर उपाध्याय, रत्नेश सिंह, विजय बहादुर सिंह, प्रेम शंकर मिश्र, मदन सिंह इत्यादि लोग स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पे पहुंच के स्थलीय निरीक्षण कइले। पर्यटन विभाग के अधिकारी अनिल कुमार आर्किटेक्ट प्रियांशु जी बतवले कि रामरेखा घाट पे स्टील के सीढ़ी बनी। स्टील के ही ओवरब्रिज बनावल जाई। मठिया के अउरी सुंदर स्वरूप प्रदान करे के खातिर जरूरी उपाय कइल जाई।

सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त जी स्वामी जी महाराज बाबा मंदिर के सुंदरीकरण अउरी इहा पर्यटन केंद्र स्थापित करे के खातिर उत्तर प्रदेश सरकार के पर्यटन विभाग के प्रस्ताव भेजल गईल। पर्यटन विभाग  एकरा खातिर पांच करोड़ रुपए के धनराशि स्वीकृत कइले बिया। बरसात समाप्त होखते ही सुंदरीकरण के कार्य अउरी अन्य निर्माण कार्य शुरू हो जाई।

Post a Comment

0 Comments