विज्ञापन

सपा संरक्षक मुलायम सिंह जी के के निधन, सबेरे 8.16 बजे आखिरी सांस लिहले, यूपी में 3 दिन के राजकीय शोक।

सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव जी के निधन, सबेरे 8.16 बजे आखिरी सांस लिहले, यूपी में 3 दिन के राजकीय शोक।


 समाजवादी पार्टी के संरक्षक अउरी यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह यादव के आजु सबेरे 8:16 बजे गुरुग्राम के मेदांटा अस्पताल में निधन हो गइल.  82 साल के मुलायम के यूरिन इंफेक्शन के चलते 26 सितंबर से गुरुग्राम के मेदांटा अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहले।  2 अक्टूबर के ऑक्सीजन के स्तर घटला के बाद उनुका के आईसीयू भेज दिहल गईल रहे।  मेदंता के पीआरओ बतवले  कि मुलायम सिंह यूरिन इंफेक्शन के संगे-संगे ब्लड प्रेशर के समस्या बढ़ गईल रहे।  जब हालत में सुधार ना भईल त डॉक्टर उनुका के वेंटिलेटर में शिफ्ट क देले।  मुलायम सिंह यादव दु साल से बेमार रहले।  समस्या बढ़ला के चलते अक्सर उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल जात रहे।  पिछला साल उनुका भी कोरोना रहे।



सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव के निधन पर उत्तर प्रदेश में 3 दिन के राजकीय शोक घोषित कइल गइल बा।

Post a Comment

0 Comments