विज्ञापन

Ballia : Road Accident में सास बहू के ट्रक से कुचल के दर्दनाक मौत, परिवार में मचल कोहराम।

Ballia : Road Accident में सास बहू के ट्रक से कुचल के दर्दनाक मौत, परिवार में मचल कोहराम।

जिला के सहतवार चांदपुर मार्ग पर स्थित सहतवार थाना क्षेत्र अंतर्गत खोरौली गांव के पुलिया के पास दर्दनाक सड़क हादसा में सास-बहू के मौत हो गइल। हादसा के सूचना पर पहुंचल सहतवार पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ख़ातिर भेज दिहलस। ओहिजे, घटना के सूचना मिलत परिवार में कोहराम मच गइल।

सहतवार थाना क्षेत्र के सिंगही (चौहान बस्ती) निवासी प्रभावती देवी (55) पत्नी ददन चौहान गुरूवार के शाम अपना बहू नीलम चौहान (24) के साथ सहतवार बाजार आइल रहली। बाजार कइला के बाद उ गांव लौटत रहली। खोरौली गांव के पुलिया पर पहुंचले रहलु , तबे सामने से तेज रफ्तार ट्रक उनकरा के रौंद दिहलस। हादसा के बाद ट्रक छोड़के चालक फरार हो गइल। पुलिस दुनों महिला के शव के पोस्टमार्टम ख़ातिर भेजला के साथ ही ट्रक के कब्जा में ले लिहलस।

Post a Comment

0 Comments