विज्ञापन

बलिया : नगरा क्षेत्र में सड़क के किनारा अचेतावस्था में खून से लथपथ मिलल किशोरी अंततः जिन्दगी के जंग हार गईल।


बलिया : नगरा क्षेत्र में सड़क के किनारा अचेतावस्था में खून से लथपथ मिलल किशोरी अंततः जिन्दगी के जंग हार गईल।

जिला के नगरा क्षेत्र के सिकरहटा में सड़क के किनारा अचेतावस्था में खून से लथपथ मिलल किशोरी अंततः जिन्दगी के जंग हार गईल। बीएचयू में इलाजरत किशोरी के मौत शुक्रवार के हो गईल। एकर पुष्टि सीओ रसड़ा शिवनारायण वैश्य जी कइनी।


गौरतलब होखे कि नगरा थाना क्षेत्र के एगो गांव निवासी 13 वर्षीय किशोरी 14 अक्टूबर 2022 के शाम अपना सहेली के साथ मेला देखे गइल रहली, जवन घर ना लौटली। अगीला दिन थाना क्षेत्र के ही सिकरहटा गांव के पास सड़क के किनारा खून से लथपथ किशोरी अचेतावस्था के हालत में  मिलल रहल। ओकरा हाथ के नस धारदार हथियार से काटल जाये के निशान रहल। किशोरी के उपचार गंभीरावस्था में वाराणसी में चलत रहल, लेकिन उनकर चेतना ना लौटल अउरी शुक के शाम उनकर मौत हो गयील। एह मामला में पुलिस मुख्य आरोपी के मुठभेड़ में गिरफ्तार कई चालान न्यायालय कई दिहले रहल। उ जेल में बा। 

Post a Comment

0 Comments