विज्ञापन

बलिया : कंपोजिट विद्यालय वाराडीह लवाई पट्टी, नगरा में दीपोत्सव एवं रंगोली प्रतियोगिता का आयोजन कईल गईल।

बलिया : कंपोजिट विद्यालय वाराडीह लवाई पट्टी, नगरा में दीपोत्सव एवं रंगोली प्रतियोगिता का आयोजन कईल गईल।

कंपोजिट विद्यालय वाराडीह लवाई पट्टी, शिक्षा क्षेत्र - नगरा, जनपद - बलिया के प्रांगण में प्रभाकर गुप्ता (स.अ.) के नेतृत्व तथा शैलेन्द्र प्रताप यादव ( ए.आर.पी. नगरा) के संरक्षण में दीपोत्सव एवं रंगोली प्रतियोगिता का आयोजन कईल गईल।  कार्यक्रम के शुरुआत प्रधानाध्यापक श्री चंद्रिका राम जी के द्वारा दीप प्रज्वलित कइके कईल गइल।  एह में लइका लोग उत्साह से भाग लिहल आ एक के बाद एक शानदार रंगोली बना के आपन कला के प्रदर्शन कइलन लोग। दीपोत्सव कार्यक्रम के तहत बच्चा लोग अपना हाथ से बनल माटी के दीप के रंग, तारा आ मोती आदि से खूबसूरत तरीका से सजावल लोग। जवना के देख बाल कला के तारीफ सभे मौजूद लोग कईल।

  रंगोली प्रतियोगिता के तहत लइका अलग-अलग रंग के प्रयोग करके आ प्राकृतिक संसाधन जइसे कि रंग-बिरंगी फूल आ पतई आदि के प्रयोग कइके लक्ष्मी-गणेश के पैर के निशान, दीप, ओम आ स्वस्तिक विभिन्न प्रकार के सुंदर रंगोली के प्रदर्शन कइले।  एह कार्यक्रम के मुख्य आकर्षण रहे भारत के नक्शा जवन बच्चा आ शिक्षक किमी यादव, राती वर्मा आ श्रीकांति शर्मा जी के मदद से तइयार कइल गइल रहे जवना के फूल आ पतई से बनावल गइल रहे। एह नक्शा के बीच में भारत के राष्ट्रध्वज के चित्रण कइल गइल रहे आ पूरा नक्शा के दीप से सजावल गइल रहे।  एकरा अलावे पुष्प पत्तियों के बनावल निपुन भारत मिशन के बनावल नारा पढ़े भारत, बढ़े भारत आ पढ़े वारडीह लवाई पट्टी, बढ़े वारडीह लवाई पट्टी भी आकर्षण के केंद्र रहल।  एह नारा के माध्यम से लईकन में पढ़ाई के जोश पैदा करे के कोशिश कईल गईल।  कार्यक्रम के समापन दिवाली के अग्रिम शुभकामना आ मिठाई वितरण से भइल।



Post a Comment

0 Comments