विज्ञापन

दूसरका दिन भी खेसारी लाल यादव, मेघा श्री के "बोल राधा बोल" देखे वाला दर्शकन में लउकल गजब के जोश।

दूसरका दिन भी खेसारी लाल यादव, मेघा श्री के "बोल राधा बोल" देखे वाला दर्शकन में लउकल गजब के जोश।


ग्लोबल स्टार ख़ेसारी लाल यादव अउरी मेघा श्री के "बोल राधा बोल" के मिलल दीवाली के सुपरहिट तोहफा, सिनेमाहाल पर दूसरका दिन भी लउकल दर्शकन में जोश।


दिपावाली के शुभ अवसर पर रिलीज कइल गईल भोजपुरी सिनेमा के ग्लोबल स्टार खेसारी लाल यादव अउरी मेघाश्री स्टारर भोजपुरी फिल्म "बोल राधा बोल" के सिनेमाघरन में बंपर ओपनिंग के साथ दर्शकन के भरपूर प्यार, आशीर्वाद मिल रहल बा। दूसरका दिन भी सिनेमा हॉल पर दर्शकन में गजब का उत्साह देखेके मिलल। कह सकत बानी कि फ़िल्म बोल राधा बोल अउरी खेसारी लाल यादव तथा फिल्म के पूरा टीम के दर्शकन द्वारा सुपरहिट दिवाली के तोहफा मिल गइल बा। ई फिल्म जहां भी जवना सिनेमाहाल में प्रदर्शित कइल गईल, उहां पर दर्शकन में गजब के जोश एह फिल्म के प्रति देखेके  मिल रहल बा। इस फिल्म के निर्माता बाड़े बहुत सारा सुपरहिट फिल्मन के मार्केटिंग हेड विजय यादव अउरी निर्देशन के कमान संभालले बाड़े पराग पाटिल जी। एहफ़िल्म से खेसारी लाल यादव, विजय यादव अउरी पराग पाटिल के तिकड़ी सही में दर्शकन के बीच फुल टू धमाल मचा रहल बिया।




Post a Comment

0 Comments