विज्ञापन

डॉ सागर के लिखल छठ गीत के सुनिधि चौहान अपना आवाज़ से बनवाली 'बेजोड़'

डॉ सागर के लिखल छठ गीत के सुनिधि चौहान अपना आवाज़ से बनवाली 'बेजोड़'

अलग तरह के भोजपुरी गीतन के प्रस्तुत करे वाली टीम 'बेजोड़' एह साल अपन छठ गीत के सातवाँ भाग लेके आईल बिया। दर्शन लोगन के  बता दिहल चाहत बानी कि छठ पूजा बिहार, उत्तर प्रदेश, झारखंड अउरी देश मे रहे वाल करोड़न भोजपुरिया अउरी मिथिलांचल के लोगन के आस्था से जुड़ल पर्व ह। ई छठ गीत यूट्यूब चैनल BEJOD पर उपलब्ध बा अउरी एकर गीतकार बानी उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के लाल अउरी बम्बई में का बा से प्रसिद्धि पा चुकले सुप्रसिद्ध गीतकार डॉक्टर सागर, साथ मे एह छठ गीत में आवाज़ देले बानी बॉलीवुड के सुप्रसिद्ध गायिका सुनिधि चौहान जी।

एह गीत के पेश कइले बानी चम्पारण टाकीज अउरी प्रोड्यूसर बानी नितिन नीरा चंद्रा अउरी नीतू चंद्रा श्रीवास्तव जी। संगीत एह गीत के निखिल कामत जी के बा।

नीतू जी बतौर अभिनेत्री भी एहमें काम कइले बानी, बिहार के रहे वाली अभिनेत्री अउरी निर्मात्री लगातार 6 साल से छठ के वीडियो बनावत बानी अउरी 7वां साल ह।

रउवा के बता दिहल चाहतानी की ई टीम हार साल के तरह भी एगो नया कॉन्सेप्ट के साथ छठी मैया के माहीमा के पारंपरिक भोजपुरिया समाज के साथ आधुनिक युवा अउरी शहरी भोजपुरिया लोग तक पहुँचावे के पूरा कोशिश कइले बिया। एह गीत के माध्यम से टीम प्रकृति के प्रति कृतघ्नता अउरी बिहार के सांस्कृतिक के देखावल गईल बा।आशा बा कि ई गीत हर वर्ग के लोगन के भी पसंद आई।

त अगर रउवा अभी ले ई गीत नइखे सुनले त BEJOD के यूट्यूब चैनल पर जाई, सुनी अउरी माई के भक्ति में खो जाईं।

Post a Comment

0 Comments