विज्ञापन

ख़ेसारी लाल यादव अउरी यामिनी सिंह स्टारर प्रेम के पुजारिन के शूटिंग गोरखपुर बान पोखर मंदिर परिसर में भईल शुरू।

ख़ेसारी लाल यादव अउरी यामिनी सिंह स्टारर प्रेम के पुजारिन के शूटिंग गोरखपुर बान पोखर मंदिर परिसर में भईल शुरू।

रिपोर्ट - आर्यन विश्वकर्मा

 गोरखपुर योगी सरकार एलान कइले बाड़न कि पूर्वांचल में हिन्दी आ भोजपुरी फिलिम बनावे में सुविधा मिली, एही क्रम में गोरखपुर आ आसपास के इलाका में भी फिल्म निर्माता लोग के फोकस लउकत बा। गोरखपुर महानगर के पूर्वी छोर पर स्थित बान पोखर देवी के मंदिर में अतवार का दिने गोरखपुर के बाण पोखर मंदिर परिसर में एगो नारियल तूड़ के भोजपुरी फिलिम “प्रेम की पुजारिन” के मुहूर्त के उद्घाटन निर्माता समर राज आ फिल्म निर्देशक पंकज सिन्हा कइलन। एह फिलिम के निर्माण समरसी फिल्म्स मीडिया एंड एंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड के बैनर तले हो रहल बा।एह फिलिम के कहानी पूरा तरह से सामाजिक आ पारिवारिक बा।फिल्म के पूरा शूटिंग गोरखपुर के आसपास के मनोरम दृश्य पर कइल जाई।

 एह फिलिम के निर्माता बाड़े समर राज अउरी एह फिलिम के निर्देशक पंकज सिन्हा मीडिया से बतियावत कहले कि धीरे धीरे गोरखपुर फिलिमन के शूटिंग के हब बनत जात बा। उ कहले कि एहिजा के आबो हवा अवरू जगह के खूबसूरती फिल्मकार के अपना ओर आकर्षित कर रहल बा, इ एगो बढ़िया बात बा।  इहाँ रोजगार के नया अवसर मिल रहल बा।  कलाकारन के काम खातिर मुंबई भा दोसरा जगहा ना जाए के पड़ता, एह भोजपुरी फिलिम में यमनी सिंह जी आ ट्रेंडिंग स्टार के नाम से मशहूर सुपर स्टार खेसारी लाल यादव जी मुख्य कलाकार बा लोग।  एह फिलिम के निर्माता समर राज जी बानी अउरी निर्देशक बानी पंकज सिन्हा जी। एकरा अलावे विवेक सिंह उर्फ ​​बिल्ला, कैमरामैन आरआर प्रिंस, विनोद मिश्रा, अजय कुमार मिंटू, संजय, महानंद, मुकेश, ऋषि रक्षा गुप्ता, निशा तिवारी, प्रोडक्शन हेड अखिलेश राय, राज मौर्य, पीआरओ संजय पुजारी बाड़े।

Post a Comment

0 Comments