विज्ञापन

फिल्मफेयर आ फेमिना से सम्मानित भईले मनोज भावुक, कहले, ई सम्मान भोजपुरी भाषा आ भोजपुरी भाषियन के समर्पित बा।



फिल्मफेयर आ फेमिना से सम्मानित भईले मनोज भावुक, कहले, ई सम्मान भोजपुरी भाषा आ भोजपुरी भाषियन के समर्पित बा।


 भोजपुरी सिनेमा के प्रख्यात साहित्यकार, फिल्म समीक्षक आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार मनोज भावुक 16 जुलाई के लखनऊ के रमाडा में फिल्मफेयर आ फेमिना के संयुक्त आयोजन में आयोजित 'भोजपुरी आइकन - रील एंड रियल स्टार' समारोह में भोजपुरी साहित्य आ सिनेमा के इतिहास पर उहाँ के उत्कृष्ट योगदान खातिर पुरस्कृत कईल गईल।


 ई एगो ऐतिहासिक आयोजन बा काहे कि दू गो प्रतिष्ठित ब्रांड फिल्मफेयर आ फेमिना पहिला बेर एकजुट होके भोजपुरी आइकन के सम्मानित कईले आ जश्न मनावलें। एह मौका पर लोक संगीत खातिर पद्म भूषण शारदा सिन्हा, भोजपुरी माटी के गौरव खातिर संजय मिश्रा, लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड खातिर मनोज तिवारी आ ओटीटी आ सिनेमा खातिर रवि किशन के सम्मानित कइल गइल।



 भोजपुरी साहित्य आ सिनेमा में उल्लेखनीय योगदान खातिर मनोज भावुक के फेमिना के मुख्य संपादक अम्बिका मट्टू आ दक्षिण के निर्देशक विक्रम वासुदेव के संयुक्त रूप से ई सम्मान दिहल गइल।


 सपना साकार हो गइल...

 मनोज भावुक के कहना बा कि भोजपुरी इंडस्ट्री फिल्मफेयर आ फेमिना ले चहुँप गइल बा.  ई अपना में एगो बड़हन उपलब्धि बा।  फिल्मफेयर आ फेमिना के द्वारा सम्मानित भईल एगो बड़हन बात बा। हम अपना के भाग्यशाली मानेनी, पहिला बेर भोजपुरी साहित्य आ सिनेमा खास कर के इतिहास लेखन खातिर फिल्म अवार्ड शो में सम्मानित भइल बानी जबकि दू दशक से अधिका से एह इंडस्ट्री से जुड़ल बानी आ सगरी आयोजक आ स्टार सब जानत बाड़े हमरा काम के अउरी बाकिर इहाँ कलम के कवनो कीमत नइखे।  हालांकि हम कलम वाला के साथे कैमरा वाला भी हईं। भोजपुरी इंडस्ट्री के कवनो बड़ कलाकार शायदे कवनो अइसन होखी जिनकर हम इंटरव्यू ना लिहले होखब।

 एह सम्मान खातिर हम फिल्मफेयर आ फेमिना के आभारी बानी आ ई सम्मान भोजपुरी भाषा आ भोजपुरी भाषियन के समर्पित बा।



 मनोज बिहार के सिवान जिला के कौसाद गांव के निवासी हवें।  उनकर पिता स्वर्गीय रामदेव सिंह हिंडालको रेणुकूट, उत्तर प्रदेश के पहिला मजदूर नेता रहल बाड़े आ बड़ पिता जंग बहादुर सिंह 103 साल के मशहूर देशभक्त लोक गायक हवें जे आजादी गीत गवला का चलते जेल गइल रहले।


भोजपुरी न्यूज़ भी मनोज जी के एह सम्मान खातिर बधाई दे तिया।

Post a Comment

0 Comments