विज्ञापन

"लफड़ा" करा दिहले सिंगापुर में रहे वाले प्रवासी भोजपुरिया शैलेन्द्र द्विवेदी और उनकर टीम। LAFADA

"लफड़ा" करा दिहले सिंगापुर में रहे वाले प्रवासी भोजपुरिया शैलेन्द्र द्विवेदी और उनकर टीम।



भोजपुरी के साफ सुथरा बनावे खातिर रोज नया कुछ ना कुछ होता। एहि कड़ी में सिंगापुर रहे वाले प्रवासी भोजपुरिया भारतीय शैलेन्द्र द्विवेदी अउरी उनकर टीम मिलके हर दु चार दिन में नया गना रिलीज करत बा लोग।
अभी काल्हु यानी 14 जुलाई के ही श्लील भोजपुरी रैप गाना "लफड़ा" रिलीज भईल हा जवना के लेके एगो अलग तरह के बज़ क्रिएट भईल बा।

एह गाना के गवले और लिखले बाड़े D Chief, जवना में उ ईशा पारिख के साथे अपना अदाकारी के जौहर भी दिखवाले बाड़े।

ई गाना फिलहाल भोजपुरी IT नाम के यूट्यूब चैनल पर रिलीज भईल बा अउरी अब तक एह गाना के 1 लाख 15 हजार लोग से ज्यादा लोग देख चुकल बाड़े।

गाना एहिजा क्लिक कइके भी सुन सकत बानी👇



भोजपुरी न्यूज़ से बात करत शैलेन्द्र जी बतवानी की हमनी के भोजपुरी गाना और संगीत के विश्व पटल पर अउरी ऊंचा ले जाये साथ ही भोजपुरी में साफ सुथरा गाना बनावे खातिर एगो छोट प्रयास करत बानी जा। रउवा के बता दिहल चाहत बानी की शैलेन्द्र जी अउरी उनकरा टीम लोग आईआईटीयन (IITian) हा लोग और सिंगापुर में रहके अलग अलग संस्थान में सॉफ्टवेयर इंजीनियर बाड़े लोग।

अभी हाल ही एह टीम के एगो अउरी गाना काफी फेमस अउरी ट्रेंडिंग में बा जवना के नाम बा "सैयां मिले लरकईयाँ" जवन भोजपुरी अउरी अवधी लोकगीत रहल है, यूट्यूब पर अभी तक 5 लाख के लगभग लोग देख लेले बा।



भोजपुरी न्यूज़ के टीम भी एह गना खातिर शैलेन्द्र जी अउरी उहाँ के टीम के शुभकामना दे तिया की हमेशा अइसही भोजपुरी के संवर्धन खातिर आगे बढ़ी के काम करत रहसु लोग।

Post a Comment

0 Comments