विज्ञापन

B Praak : सिंगर आ म्यूजिक डायरेक्टर बी प्राक के घर गूंजल किलकारी, पत्नी मीरा देली बेटा के जन्म

B Praak : सिंगर आ म्यूजिक डायरेक्टर बी प्राक के घर गूंजल किलकारी, पत्नी मीरा देली बेटा के जन्म 

Photos - B Praak wife’s Instagram for fare usage policy (https://www.instagram.com/p/DGNZ_Nbso_N/?igsh=aHc3bGxsem10cnBw)


पंजाबी म्यूजिक इंडस्ट्री के मशहूर सिंगर आ म्यूजिक डायरेक्टर बी प्राक के घर खुशियन के बयार बह रहल बा। बी प्राक के पत्नी मीरा अपना दूसरा बेटा के जन्म देली, जवना से परिवार में जश्न के माहौल बन गइल बा।


शुक्रवार 19 दिसंबर के बी प्राक अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर एगो इमोशनल पोस्ट शेयर करत फैंस के ई खुशखबरी सुनवलन। पोस्ट में सिंगर बतवलन कि ऊ दोबारा पिता बन के बहुत खुश बाड़ें आ साथे अपना नन्हक बेटे के नाम आ मतलबो रिवील कइलन।



बी प्राक लिखलन,

“राधे श्याम जी के कृपा से 1 दिसंबर 2025 के हमरा घरे एगो प्यारा बेटा के जन्म भइल। दिल कृतज्ञता आ खुशी से भर गइल बा। ई सूरज फेर से उग आइल बा, जवन हमरा जिनगी में नई रोशनी, नई उम्मीद आ नई शुरुआत लेके आइल बा।”


सिंगर अपना बेटे के नाम रखले बाड़ें DDVIJ बचन, जवना के मतलब होला — *दो बेर जन्म लिहल, एगो आध्यात्मिकजन्म*। ई नाम गहिरा आध्यात्मिक भाव आ सकारात्मक सोच के दर्शावत बा।


गौर करे लायक बात ई बा कि बी प्राक आ मीरा के शादी साल 2019 में भइल रहे। शादी से पहिले दुनो काफी समय तक एक-दूसरा के डेट कइले रहलें।

बतावत चलीं कि बी प्राक एह से पहिले भी एगो बेटा के पिता बाड़ें, जवन 2020 में जन्म लिहले रहल। अब दूसरा बेटे के आगमन से बी प्राक के परिवार पूरा खुशियन से सराबोर बा।



News Sources- various news websites and social media 


Post a Comment

0 Comments