विज्ञापन

पावर स्टार पवन सिंह के आवाज अब साउथ सिनेमा में, फ़िल्म डकैत के एगो गाना टच बडी से तेलगू इंडस्ट्री में एंट्री। Pawan Singh

पावर स्टार पवन सिंह के आवाज अब साउथ सिनेमा में



भोजपुरी सिनेमा के पावर स्टार पवन सिंह अपना पर्सनल लाइफ के विवाद से अलग, करियर में लगातार नया मुकाम हासिल करत बाड़े। अब ऊ खाली भोजपुरी सिनेमा तक सीमित नइखन, बल्कि बॉलीवुड के बाद साउथ सिनेमा में भी दमदार एंट्री कर चुकल बाड़े।

हाल ही में, आदिवि शेष आ मृणाल ठाकुर स्टारर फिल्म ‘डकैत’ में पवन सिंह अपना आवाज के जादू बिखेरले बाड़े। फिल्म के गाना ‘टच बडी’ आज गोरखपुर में भव्य तरीका से लॉन्च भइल, जेकरा के फैंस के जबरदस्त प्यार मिल रहल बा।

भोजपुरी से लेके बॉलीवुड तक अपना आवाज से पहचान बनावे वाला पवन सिंह अब साउथ सिनेमा में भी नया इतिहास लिखे के राह पर बाड़े। ई उपलब्धि भोजपुरी इंडस्ट्री खातिर गर्व के बात बा।

👉 रउआ का लागता? पवन सिंह के ई नया कदम साउथ सिनेमा में कइसन कमाल करी?

Post a Comment

0 Comments