रवि किशन जी के दावा: ‘धमाल 4’ से फेर लउटी कॉमेडी के दौर, कहलें- ई फिल्म होई सुपरहिट।
रवि किशन के दावा: ‘धमाल 4’ से फेर लउटी कॉमेडी के दौर, कहलें- ई फिल्म होई सुपरहिट
भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार आ सांसद रवि किशन अपना आवे वाली फिल्म ‘धमाल 4’ के लेके बड़ा दावा कइले बाड़न। उनका मानल बा कि ई फिल्म खाली दर्शकन के खूब हँसाई ना, बलुक बॉलीवुड में कॉमेडी फिल्मन के दौर के फेर से जिंदा कर दी।
हाल ही में एगो इंटरव्यू में रवि किशन कहले कि “धमाल 4 पूरा पागलपन से भरल कॉमेडी फिल्म बा। एह घरी अक्षय कुमार के ‘वेलकम टू द जंगल’ चल रहल बा, आ ‘धुरंधर’ जइसन एक्शन फिल्म भी बा। बाकिर अब एक्शन के दौर बीत रहल बा, आ कॉमेडी के मौसम आ गइल बा। हर छह महीना पर लोगन के पसंद बदल जाला। हम 34 बरिस से इंडस्ट्री में बानी, एह से ई बदलाव साफ देखले बानी।”
रवि किशन आगे कहले, “अब कॉमेडी के समय बा, आ एह दौर में ‘धमाल 4’ खूब चली। एह फिल्म के कहानी बहुत बढ़िया तरीका से लिखल गइल बा। फिल्म के हर जोक दर्शकन के हँसाई, आ एहकर गाना भी लोग पसंद करत बा। समय भी बढ़िया बा, एह से हमके पूरा भरोसा बा कि ई फिल्म बहुत बड़ा हिट साबित होई।”
‘धमाल 4’ के बाद लोग हमके ‘मिर्जापुर: द मूवी’ में एगो बहुते दमदार आ विराट रूप में देखी।”
रवि किशन के मानना बा कि दर्शक अब हल्का-फुल्का मनोरंजन आ भरपूर हँसी चाहत बाड़े, एह वजह से ‘धमाल 4’ के बॉक्स ऑफिस पर जबरदस्त सफलता मिले के पूरा उम्मीद बा।
गौरतलब बा कि ‘धमाल’ बॉलीवुड के सबसे लोकप्रिय कॉमेडी फ्रेंचाइजी में से एगो ह। एह सीरीज के पहिले तीनों फिल्मन के दर्शकन से जबरदस्त प्यार मिलल रहे। अब चौथा भाग में पुरान कलाकारन के साथे नया चेहरा भी जुड़ल बा, जवना से फिल्म के लेके दर्शकन के उत्साह अउरी बढ़ गइल बा।
रिपोर्ट - रवि किशन जी के हिंदुस्तान टाइम्स के दीहल इंटरव्यू पर आधारित बा
Bhojpuri News,Bhojpuri,Gorakhpur,गोरखपुर,बॉलीवुड, Dhamaal 4, Ajay Devgan
0 Comments