सावन में गूँजल महादेव आ बनारस के समर्पित गीत ' मनवा के हमरा बनारस बना द ' ...तेजी से हो रहल बा वायरल
सावन के पवित्तर महीना में भगवान शिव आ काशी के आध्यात्मिक महिमा पर आधारित भोजपुरी भक्ति गीत ‘हे भोले बाबा, मनवा के हमरा बनारस बना दs’ तेजी से लोकप्रिय होत बा। ई गीत Bhojpuri IT Cell के आधिकारिक यूट्यूब चैनल पर रिलीज भइल बा आ रिलीज के पहिलके दिन पाँच लाख से अधिक लोग एह गीत के देख चुकल बा।
गीत के रचनाकार भोजपुरी के मशहूर साहित्यकार आ गीतकार मनोज भावुक बाड़ें। एह गीत के सुर सुरभि कश्यप आ अर्जुन पांडेय दिहले बाड़ें, जबकि संगीत भोजपुरी फिल्म जगत के चर्चित संगीतकार रजनीश मिश्रा के बा। गीत के परिकल्पना आस्था द्विवेदी कइले बाड़ी, वीडियो के निर्देशन सुमित तिवारी आ छायांकन सुधांशु सिंह कइले बाड़ें। एह वीडियो के निर्माण वन शॉट फिल्म्स के बैनर तले भइल बा, जबकि निर्माता शैलेंद्र द्विवेदी बाड़ें।
गीतकार मनोज भावुक के कहना बा कि ई खाली एगो भक्ति गीत नइखे, बल्कि बनारस के ओह जीवन-दर्शन के संगीतमय अभिव्यक्ति बा, जहाँ शिवत्व, करुणा, वैराग्य आ जीवन के उत्सव एके साथ देखे के मिले ला। उनका मुताबिक, एह गीत में महादेव से ई प्रार्थना कइल गइल बा कि हर इंसान के मन में अइसन “बनारस” बस जाव, जहाँ शांति, संतुलन आ आत्मिक आनंद के एहसास होखे।
गीत के मुखड़ा बा—
“हे भोले बाबा, हे शंभु बाबा, मनवा के हमरा बनारस बना दs,
दुख हो या सुख हो, मस्ती में राखs, जिनगी के नइया पार लगा दs…”
गीत के अंतरा में काशी विश्वनाथ मंदिर, मणिकर्णिका घाट, धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष जइसन भारतीय दर्शन के मूल विचारन के सहज भोजपुरी में पिरोवल गइल बा। लंका चौराहा के प्रतीक बनाके जीवन के द्वंद्व आ आध्यात्मिक राह के सुंदर ढंग से समझावल गइल बा।
मनोज भावुक के मानल बा कि बनारस खाली एगो शहर ना ह, बल्कि मनुष्य के भीतरी चेतना के ओह अवस्था के नाम ह, जहाँ भक्ति आ वैराग्य के सुंदर संतुलन मिले ला। उनका अनुसार भोजपुरी में बनारस के आध्यात्मिक परंपरा पर बहुत कम गीत बनल बा आ ई रचना ओही दिशा में एगो विनम्र कोशिश बा।
गौरतलब बा कि गीतकार मनोज भावुक आ संगीतकार रजनीश मिश्रा के जोड़ी एहसे पहिले ‘तोर बउरहवा रे माई’, ‘आपन कहाये वाला के बा’, ‘दुलहिनिया नाच नचावे’ आ ‘मेरे राम’ जइसन कई चर्चित गीत दे चुकल बा।
मनोज भावुक कहलन कि भोजपुरी संगीत के पहचान खाली मनोरंजन तक सीमित ना रहे के चाहीं। भोजपुरी के समृद्ध सांस्कृतिक आ आध्यात्मिक विरासत के नया गीतन के माध्यम से दुनिया तक पहुँचावल समय के जरूरत बा। उनका भरोसा बा कि ई गीत शिवभक्तन के साथे-साथ साहित्य आ संगीत के गंभीर श्रोतन के दिलो के छूई।
गीत देखे खातिर: Hey Bhole Baba
0 Comments