विज्ञापन

राखी से रोजगार तक: चौरी चौरा में महिला सशक्तिकरण के दिशा में समाजसेवी एसके शर्मा जी के सराहनीय पहल।

राखी से रोजगार तक: चौरी चौरा में महिला सशक्तिकरण के दिशा में समाजसेवी एसके शर्मा जी के सराहनीय पहल।




गोरखपुर। चौरी चौरा विधानसभा क्षेत्र के डुमरी खुर्द स्थित माँ उत्सव लॉन में समाजसेवी पं. एस.के. शर्मा जी द्वारा “राखी से रोजगार तक” कार्यक्रम के भव्य आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के माध्यम से महिला सशक्तिकरण आ स्वरोजगार के बढ़ावा देवे के महत्वपूर्ण पहल कइल गइल।

कार्यक्रम में ग्रामीण विकास राज्य मंत्री श्री कमलेश पासवान जी आ समाजसेवी एवं RP वेलफेयर ट्रस्ट के संयोजक श्री एस.के. शर्मा जी क्षेत्र के महिलन से संवाद कइलें। एह दौरान महिलन स्नेहपूर्वक राखी बाँध के भाई-बहिन के पवित्र रिश्ता के अउरी प्रगाढ़ कइलें।



कार्यक्रम के प्रमुख आकर्षण RP वेलफेयर ट्रस्ट द्वारा प्रशिक्षित महिलन के निःशुल्क सिलाई मशीन वितरण रहल। सिलाई मशीन मिलला से प्रशिक्षित महिलन के अपना हुनर के रोजगार में बदल के आत्मनिर्भर बने के अवसर मिली। एह पहल से ऊ लोग अपना परिवार के आर्थिक मजबूती में भी महत्वपूर्ण योगदान दे सकेलीं।



प्रधानमंत्री श्री नरेंद्र मोदी जी के नेतृत्व में ‘लखपति दीदी’ जइसन पहल के माध्यम से देश के मातृशक्ति के आत्मनिर्भर आ आर्थिक रूप से सशक्त बनावे के प्रयास लगातार आगे बढ़ रहल बा। “राखी से रोजगार तक” कार्यक्रम ओही सोच के स्थानीय स्तर पर आगे बढ़ावे वाला पहल के रूप में देखल जा रहल बा।



कार्यक्रम के माध्यम से बहिनियन के सम्मान, स्वावलंबन आ रोजगार से जोड़ के आत्मनिर्भरता के नई राह देखावे के प्रयास कइल गइल।


Post a Comment

0 Comments