तमाम भारतीय भाषा संग भोजपुरी के भी मिलल “भारतीय भाषा सम्मान - 2025”
बनारस, 13 सितम्बर 2025, शनिचर
महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ, वाराणसी के गाँधी अध्ययन पीठ सभागार में हिन्दुस्थान समाचार समूह द्वारा आयोजित “भारतीय भाषा समागम – 2025” में भोजपुरी भाषा के क्षेत्र में अद्वितीय योगदान खातिर चर्चित साहित्यकार मनोज भावुक के भारतीय भाषा सम्मान – 2025 से सम्मानित कइल गइल।
ई सम्मान कार्यक्रम के मुख्य अतिथि मा. उपराज्यपाल जम्मू-कश्मीर मनोज सिन्हा, हिन्दुस्थान समाचार समूह के अध्यक्ष अरविंद भालचंद्र मार्डीकर, आ राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के वरिष्ठ प्रचारक अतुल भाई कोठारी के हाथे प्रदान कइल गइल।
एह बरिस भोजपुरी समेत तमिल, तेलुगु, मलयालम, गुजराती, मराठी, पंजाबी, सिंधी, संस्कृत, ओड़िया, असमिया, नेपाली आ बंगाली भाषा के साहित्यकारन के भी विशेष रूप से सम्मानित कइल गइल।
काशी फिलहाल भोजपुरी रंग में रंगाइल बा। मॉरीशस के प्रधानमंत्री नवीनचंद्र रामगुलाम के काशी दौरा आ भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मेजबानी से लेके विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता लोगो अबकी बेर भोजपुरी में ब्रीफिंग करत बा—जेकरा से साफ होखता कि भोजपुरी के महत्व तेजी से बढ़ रहल बा।
सम्मान पाकर मनोज भावुक कहलन—
“भोजपुरी अपना हक आ सम्मान चाहतिया। जइसे हिन्दुस्थान समाचार समूह आज ई भाषा के मान दिहलस, ओइसही देश के सरकारो से अपेक्षा बा कि भोजपुरी के जल्द से जल्द 8वीं अनुसूची में शामिल कइल जाव। हम हिन्दुस्थान समाचार समूह के तहेदिल से धन्यवाद देत बानी।”
“पंच प्रण: स्वभाषा आ विकसित भारत” विषय पर केंद्रित ई कार्यक्रम में विशिष्ट अतिथि के रूप में मौजूद रहलें—
- प्रो. अजित कुमार चतुर्वेदी (कुलपति, काशी हिन्दू विश्वविद्यालय, वाराणसी)
- प्रो. आनंद कुमार त्यागी (कुलपति, काशी विद्यापीठ, वाराणसी)
- प्रो. श्रीनिवास वरखेड़ी (कुलपति, केंद्रीय संस्कृत विश्वविद्यालय, नई दिल्ली)
- डॉ. नीलकंठ तिवारी (पूर्व मंत्री, उत्तर प्रदेश सरकार)
एहि अवसर पर ‘युगवार्ता’ (संपादक संजीव कुमार) आ ‘नवोत्थान’ (संपादक बद्रीनाथ वर्मा) पत्रिका के लोकार्पण भी भइल।
कार्यक्रम के शुभारंभ डॉ. सुरेंद्र कुमार के संगीत प्रस्तुति से भइल। हिन्दुस्थान समाचार समूह के निदेशक प्रदीप मधोक ‘बाबा’ स्वागत कइलन आ संचालन जीतेन्द्र तिवारी (संपादक, हिन्दुस्थान समाचार) सफलतापूर्वक कइलन।
0 Comments