गोरखपुर के समाजसेवी अउरी युवा नेता पवन सिंह अईले कोरोना के चपेट में।
गोरखपुर के समाजसेवी अउरी युवा नेता पवन सिंह अईले कोरोना के चपेट में। कोरोना दिन पर दिन विकराल रूप धइले जाता। पूरा देश मे 10 लाख से ऊपर लोग एकरा चपेट में आ गईल जवना में कतना बड़े बड़े राजनेता, अभिनेता अउरी तमाम अलग अलग क्षेत्र से जुडल लोग बाटे।
अइसना में आजु गोरखपुर के समाज सेवी अउरु युवा नेता पवन सिंह कोरोना पॉजिटिव हो गइले हा।
अपना फेसबुक पोस्ट के द्वारा उ बतवले हा कि कुछ दिन से हल्का खाँसी आयिल के बाद कुछ दिन पूर्व कोरोना टेस्ट करवानी हा जवना में दुर्भाग्यवश रिपोर्ट पॉजिटिव आयिल हा।
आगे इहो बतवले हा की जांच हम स्वेच्छा से करवावनी हा अउरी पॉजिटिव रिपोर्ट आयिला के बाद लखनउ-सीतापुर रोड पर अपना फॉर्म हाउस में चली गईनी हा और दुगो कुशल डॉक्टरन के देख रेख में क्वारन्टीन बानी।
भोजपुरी न्यूज़ भी एह समाजसेवी के जल्द स्वस्थ होखे के कामना करता अउरी लोगन से अपील करता की सावधानी बरती मास्क लगाई अउरी सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करीं।

Social Plugin