विज्ञापन

बलिया : तिवारी के मिल्की में श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पर उंहा के पूर्व सेवक श्री बाबा रघुपति दास जी के निर्वाण दिवस मनावल गईल।

बलिया : तिवारी के मिल्की में श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पर उंहा के दुसरका सेवक श्री बाबा रघुपति दास जी के निर्वाण दिवस मनावल गईल। 




बलिया : तिवारी के मिल्की में श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के मठिया पर उंहा के दुसरका सेवक अउरी श्री श्री १०८ श्री बाबा लक्ष्मण दास जी के गुरु प्रवर श्री श्री १०८ श्री बाबा रघुपति दास जी के निर्वाण दिवस मनावल गईल। 
बाबा रघुपति दास जी के निर्वाण दिवस हर साल भादो वदी एकम के पड़ेला जवन एह  साल आजु यानि ४ अगस्त २०२० दिन मंगलवार के मनल हा।  हर साल एहिजा सावन पूर्णिमा से भादो वादी एकम तक २४ घंटा के हरिकीर्तन के आयोजन अउरी हरकीर्तन के बाद बाबा लक्ष्मणदास द्वाबा राष्ट्रीय इंटर कॉलेज के छात्रन  अउरी आस पास के अउरी स्कूलन के छात्र छात्रा लोगन के मिठाई "टिकरी " प्रसाद के रूप में बटाला। 

एह साल भी ई निर्वाण दिवस मनावल गईल हा हालांकि कोरोना महामारी के देखत सोशल डिस्टेंसिंग के पूरा खयाल राखत ई आयोजन संपन्न भइल हा। 

मिल्की मठिया के सेवक श्री सतीश दास जी बतवनी हा कि, श्री धरनीश्वरी संप्रदाय के संत अउरी श्री श्री १००८ श्री स्वामी चैन राम बाबा के शिष्य श्री श्री १००८ श्री स्वामी जी महाराज बाबा के १८५२ ई० में समाधी लेला के बाद उंहा के मठिया पर ओहिजा उंहा के शिष्य श्री बाबा सनोरथ दास जी सेवा कइनी ओकरा बाद श्री बच्चू दास  जी अउरी उहा के बाद श्री बाबा रघुपति दास जी सेवा कइनी। 
१९३३ ई० में बाबा रघुपति दास जी के निर्वाण प्राप्त कइला के बाद से हर साल उंहा के निर्वाण दिवस के रूप में भादो वदी एकम के ई आयोजन होला।  श्री बाब रघुपति दास जी ही श्री बाबा लक्ष्मणदास द्वाबा राष्ट्रीय इंटर कॉलेज के संस्थापक श्री बाबा लक्ष्मण दास जी गुरु रहनी हा। 


उँहा के दरबार मे बने वाली टिकरी के तस्वीर


रिपोर्ट -गंगेश मिश्रा 


विज्ञापन 

Post a Comment

0 Comments