विज्ञापन

अनलॉक-4 के गाइडलाइन भइल जारी, स्कूल, सिनेमा बंद रही अभी, मेट्रो रेल चरणबद्ध तरीका से खुली।

अनलॉक-4 के गाइडलाइन भइल जारी, स्कूल, सिनेमा बंद रही अभी, मेट्रो रेल चरणबद्ध तरीका से खुली।





अनलॉक-4 के गाइडलाइन भइल जारी, स्कूल, सिनेमा बंद रही अभी, मेट्रो रेल चरणबद्ध तरीका से खुली।
आजु गृहमंत्रालय 1 सितम्बर से लागू होखे वाला अनलॉक -4 के गाइड लाइन कइलस जारी जवना में 30 सितम्बर तक स्कूल, कालेज, कोचिंग अबही बंद रहीहें स लेकिन ऑनलाइन अउरी दूरस्थ शिक्षा के कार्यक्रम चलत रही।
एकरा अलावा 7 सितम्बर से शर्त के साथे चरणबद्ध तरीका से आवास अउरी शहरी मंत्रालय(MoHUA), रेल मंत्रालय (MoR) अउरी गृहमंत्रालय के सलाह से मैट्रो रेल शुरू होइ जवना में SOP आवास एवं शहरी मन्त्रालय द्वारा जारी कइल जाई।

गृहमंत्रालय के तरफ से जारी गाइड लाइन के मुताबिक 21 सितम्बर से राजनीतिक, धार्मिक, सामाजिक, मनोरंजन, खेल आदि से जुडल समारोह में 100 तक के मौजूद रहके अनुमति दियाई। हालांकि अइसन समरोहन में मास्क, थर्मल स्कैनिंग सैनिटाइजर अउरी कोविद-19 के नियम पालन करे के पड़ी।
सिनेमा हॉल, स्विमिंग पूल अंतराष्ट्रीय उड़ाने (कुछ विशेष विमानन के छोड़ी के) अभी बन्द रही। 21 सितम्बर से ओपन थिएटर खोलल जाई।
 बाकी पुरा गाइडलाइंस पढ़ी👇










Post a Comment

0 Comments